निर्माता अभय सिन्हा, अभिनेता खेसारीलाल यादव आ प्रचारक प्रशांत-निशांत बिहार दिवस पर सम्मानित भइले

by | Mar 26, 2012 | 0 comments


बिहार सरकार की संस्था बिहार फाउंडेशन मुंबई चैप्टर पिछला दिने बिहार दिवस पर मुंबई में एगो समारोह आयोजित कइलसि. एह समारोह में भोजपुरी सिनेमा में उत्कृष्ट योगदान कइला बदे सुप्रसिद्ध निर्माता अभय सिन्हा, भोजपुरी सिनेमा के नयका सितारा खेसारी लाल यादव आ भोजपुरी फिल्म प्रचारक प्रशांत निशांत के बिहारी बाबू शत्रुध्न सिन्हा के हाथे विशेष सम्मान से सम्मानित कइल गइल. साथ ही भोजपुरी संगीत में महती योगदान खातिर मशहूर लोकगायिका कल्पना पटवारी, सुर संग्राम 1 के विजेता मोहन राठौर, सुर संग्राम 2 के विजेता ममता राउत आ सुनील सांवरा के सम्मानित कइल गइल. सामरोह सायन के षणमुखानंद हॉल में आयोजित रहे.
एह मौका पर मुख्य अतिथि डॉ. सी. पी. ठाकुर, विशेष अतिथि बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा, आ सम्मानित अतिथियन में सांसद सैयद शहनवाज हुसैन, यु. के. सिन्हा, (सेबी चेयरमैन), एन. एन. कुमार चेयरमैन नवा सेवापोर्ट, देवेश चन्द ठाकुर (एम.एल.सी) उपस्थित रहले. मुख्य अतिथि सी. पी. ठाकुर कहलन कि बिहार आवे वाला समय के नंबर वन राज्य हवे. बिहार बाबू शत्रुघ्न सिन्हा कहलन कि बिहार आ बिहारियन में बहुत दम बा आ बिहारी अपना मेहनत के लोहा मनवा लेले. सांसद सैयद शहनवाज हुसैन कहलन कि बिहारी जहँवे जाले ओहिजा के विकास हो जाला.

बिहार फाउन्डेशन मुंबई चैप्टर के चेयर मैन रविशंकर श्रीवास्तव धन्यवाद भाषण आ वाइस चेयरमैन अभय कुमार स्वागत भाषण दिहलें. एह कार्यक्रम में बिहार फाउन्डेशन इमर्जिंग बिहारी सम्मान से अभिनेत्री सोनाक्षी सिन्हा, तबरेज रबड़वाला, मोहन जी प्रसाद, ब्रहमदेव राम पंडित के सम्मानित कइलसि. महाराष्ट्र विधान सभा के सदस्य अशोक भाऊ जाधव आ विवेकानंद पाटिल अउर सायन अस्पताल के सहायक डीन राजेश गुप्ता के ‘बिहार-मित्र’ पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल. एह अवसर पर उपाध्यक्ष अख्तर राशिद, टी. वी. सिन्हा, सचिव अहसान हुसैन, प्रवक्ता रागिनी गौतम, मनोज सिंह राजपूत, संयोजक रणवीर, कोषाध्यक्ष निंरज का साथे प्रसिद्ध व्यवसायी सर्वेस शाही, उद्योगपति कुमार बिहारी पाण्डेय, आ कैप्टन एन. बी. पाण्डेय वगैरह उपस्थित रहले.

सांस्कृतिक कार्यक्रम के शुरूआत प्रसिद्ध गायिका कल्पन भिखारी ठाकुर के गीत से कइली, सिंगर अभिनेता खेसारीलाल यादव, मोहन राठौर, सुरेश आनंद आ ममता रावत अपना मधुर आवाज से सुनेवालन के मन मोह लिहले.


(बिहार फाउन्डेशन मुबंई चैप्टर के संयुक्त प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत, उदय भगत, आ प्रशांत निशांत से मिलल जानकारी)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up