निर्माता के सेफ करके चलेले सुनील सिन्हा

by | Apr 8, 2011 | 1 comment

भोजपुरी सिनेमा के प्रतिभावान निर्देशक सुनील सिंह के कहना बा कि ऊ अपना निर्माता के सेफ करके चलेलें. मतलब कि उनुकर कोशिश रहेला कि फिल्म के लागत कम रहो आ फिल्म बाक्स आफिस पर सफल रहे. कई गो हिट फिल्म निर्देशित कर चुकल सुनील सिन्हा के नयकी फिल्म “लागल नथुनिया के धक्का” हालही में रिलीज भइल बा. माई के दुलार, सुहागन बना द सजना हमार, दुल्हा अइसन चाहीं, अँखिया लड़िये गगइल, पीजीह चरन माई बाप के निर्देशक रहल सुनील सिन्हा के कैरियर के शुरुआत हिन्दी फिल्म “दामूल” से भइल जवना में ऊ निर्देशक प्रकाश झा के सहायक रहले. बाद में कल्पतरु का साथहु कई गो फिल्म के सहायक निर्देशक रहले. कलाकारन का भीतर छिपल प्रतिभा के पहचाने में सक्षम सुनील सिन्हा दिव्या देसाई, स्वीटी छाबड़ा, अवधेश मिश्रा जइसन बहुते कलाकारन के पहिला मौका दिहले आ ऊ कलाकार आज कवनो परिचय के मोहताज नइखन.

सुनील सिन्हा के चिन्ता खास कर एह बात से बा कि आजु लोग हिन्दी फिल्म के भोजपुरी में बनावे लागल बा जवन भोजपुरी सिनेमा के विकास खातिर नीक नइखे. कहलें कि भोजपुरी सिनेमा में बढ़िया कहानी आ संगीत के बहुत कमी बा. भोजपुरी सिनेमा के विकास खातिर सुनील सिन्हा चाहत बाड़न कि स्टार आ वितरकन के एह बाति के ध्यान राखे के चाहीं कि निर्माता के अधिकतम फायदा मिल सको जवना से ऊ फेर अगिला फिल्म बनावे के हिम्मत कर सको.

लागल नथुनिया के धक्का का बारे में सुनील सिन्हा के दावा बा कि अइसन कहानी अबले फिल्मन में देखे के ना मिलल होई. एह फिल्म में एगो संदेश बा कि चकाचौंध का दुनिया में ना जा के सामने के दुनिया में विश्वास राखे के चाहीं. एह फिल्म में पवन सिंह, आरती पुरी, कृष्णा खंडेलवाल, अवधेश मिश्रा, विजय खरे वगैरह के खास भूमिका बा.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

1 Comment

  1. Anonymous

    Mai ek writer hu. Mere paas bhojpuri ke bahuhat acchi acchi har tarah ki kahani hai. Samjh me nahi aa raha hai ki kaha jai. Mere pas itana paisa bhi nahi hai ki khud ki film bana sake. Madad kariye please.

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up