नेपाल आ मिथिलांचल के सुपर स्टार संतोष राज "बदले की आग" में बाड़े

by | Apr 30, 2012 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के उज्ज्वल भविष्य अउर सुनहरा दौर के चकाचौंध से खिंचाइल नेपाल आ मिथिलांचल के सुपर स्टार “संतोष राज” सिनेमा भोजपुरी में “बदले की आग” फिलिम से शुरूआत कइले बाड़न.
.
संतोष राज एहसे पहिले अनेके नेपाली आ मैथिली फिलिमन मे बतौर नायक दर्शकन के दिलोदिमाग में घर बना चुकल बाड़े, अब “मिथिला मल्टी मीडिया फिल्म्स प्रा० लि० (नेपाल)” के बैनर तले बने जात भोजपुरी फ़िल्म “बदले की आग” से संतोष भोजपुरी सिनेमा का परदा पर अपना अभिनय के कमाल देखावे आइल बाड़न. एक्शन, रोमांस आ पारिवारिक ड्रामा वाली एह फिल्म के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग नेपाल में करावल जाई. फिल्म के सगरी गीत रिकार्ड हो चुकल बाड़ी सँ. गायकन में उदित नारायण, पामेला जैन, कल्पना, रेखा राव, इंदु सोनाली, मनोज मिश्रा, सुनील छैला बिहारी, मीनू अरोड़ा, मोहन राठौर, प्रियंका सिंह अउर राजेश पायल ‘राई’ (नेपाल के सुपर स्टार गायक) शामिल बाड़े.

निर्माता अशोक सिन्हा, निर्देशक मनोज श्रीपति झा, प्रस्तुतकर्ता कलीम मंसूर आ विद्यालाल साहनी, गीतकार विनय बिहारी, राजेश मिश्रा अउर अशोक सिन्हा, संगीतकार छोटे बाबा, कैमरा मैन रविन्द्र बराल, नृत्य निर्देशक दिनेश ठाकुर आ साईमन, मारधाड़ निर्देशक रोशन हउवें

मुख्य कलाकारन में संतोष राज, मोनालिसा, राजाबाबू, बालेश्वर सिंह, धर्मेन्द्र सिंह, राकेश रौनक, विनीता अउर संजय पाण्डेय क नाम बा.


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up