जब तक होवे नाहीं फेरे सात, तब तक बबुनी नाही बबुआ के …
चलो रे डोली उठाओ कहार , पिया मिलन की ऋतु आयी ….
कूछ अइसने गीत सभका मन में बेर बेर गूंजत रहुवे जब राजस्थानी स्टार अभिनेत्री नेहा श्री आ भोजपुरी स्टार गायक नायक अरविन्द अकेला कल्लू के बिआह के सीन फिलिमावल जात रहुवे. बिआह के ई शूटिंग आरा जिला के गाँव में होखत रहे. सीन देख के सगरी गाँव वाले आ फिलिम के यूनिट बहुते खुश होत रहले.
बाकिर ई सीन रियल ना होके रील वाला रहुवे आ “सजना मंगिया सजाई द हमार” फिलिम के शूटिंग में होखत रहुवे. अरविन्द अकेला कल्लू आ नेहा श्री के जोड़ी पहिला बेर एह फिलिम में देखे के मिली.
लेखक-निर्देशक ओम जी यादव के निर्देशन में बनत एह महिला प्रधान आ सपरिवार देखे जोग फिलिम के शूटिंग बिहार के खूबसूरत लोकेशनन प करावल जात बा.
निर्माता हलचल सिंह, कार्यकारी निर्माता कन्हैया कुशवाहा, निर्माण नियंत्रक शादाब सिद्दकी, गीतकार आ संगीतकार राकेश निराला हउवें.
कलाकारन में खलअभिनेता बालेश्वर सिंह आ बतासा चाचा उर्फ़ मनोज टाईगर, आ सी पी भट्ट के गज़ब के अभिनय देखे के मिली एह फिलिम में. साथे गायक नायक रविराज दीपू आ अर्चनो सिंह नज़र अइहें.
(रामचंद्र यादव)
0 Comments