नौंटकीवाली से अधिका लोकप्रिय होई नयकी मुन्नी – दीपक दुबे

by | Nov 14, 2011

जीतेश दुबे के फिल्म ‘‘मुन्नीबाई नौटंकीवाली’’ में सिर्फ रानीए चटर्जी के जलवा के चर्चा ना भइल रहुवे. ओहमें एगो बांका नौजवानो रहे जे दर्शकन पर आपन गहिरा छाप छोड़ गइल. ऊ रहलन – दीपक दुबे. ‘मुन्नी बाई’ के बाद दीपक बतौर एक्शन अभिनेता “बृजवा”’ में छा गइलन आ भोजपुरी सिनेमा के सितारन का सूची में शुमार हो गइलन. ‘‘मुन्नी बाई नौटंकीवाली’’ से अधिका फायदा ‘‘बृजवा’’ दिहलसि आ दीपक के अनेके नया आफर मिल गइल. फेर ‘‘तू ही मोर बालमा’’ ‘‘मार देब गोली केहू ना बोली’’ जइसन फिलिम अइली सँ. दीपक सभत्तर सरहइलें. ‘‘मुन्नी बदनाम भईल सैंया तोहरे खातिर’’ के मुहुर्त के अवसर पर दीपक दुबे से भइल बातचीत के कुछ संक्षिप्त अंश एहिजा पेश बा

फेर एक बेर ‘‘मुन्नी’’ के साथ मिलत बा. ई नौटंकीवाली के अगिला कड़ी ह कि ‘‘दबंग’ के गाना के असर ?
एह बात के सीधे-साधा हाँ ना जबाब दिहल तनिका मुश्किल बा. एहू फिल्म में ‘‘मुन्नी बाई नौटंकीवाली’’ वाली जोड़ी बिया, हमार आ रानी चटर्जी के, एहसे ई सवाल अउरी पेचीदा बन जात बा. ‘‘मुन्नी बाई नौटंकीवाली’’ के तरह इहो मुन्नी कहीं ना कहीं ओही हालातन में चहुँपत बिया बाकिर कुछ अलग तरीका से. हँ दुनु मुन्नी नाचे वाली हई सँ. रहल बात ‘दबंग’ के गीत ‘मुन्नी बदनाम हुई डार्लिंग तेरे लिए’ के त बस एगो संयोग भर बा. चूंकि मुन्नीबाई पहिले बन चुकल बा एहसे आप ई ना कह सकीं कि हमनी का सिर्फ दबंग के गाना कैश करावल चहले बानी. वइसे सही जबाब त निर्देशक अजय कुमारे दे सकेलें.

‘‘बृजवा’’, ‘‘मार देब गोली…’’ के दीपक दुबे ‘‘मुन्नी बाई नौटंकीवाली’’ से बिल्कुल अलग रह. अबकी के दीपक पर केकर असर बा ?
एहमें अलगे दीपक दुबे मिली. हम एगो टपोरी बनल दिखब.

‘‘तू ही मोर बालमा’’ में बात कुछ अलगे रहे, हँसी में पगाइल फिलिम रहे ऊ. आपके कवना तरह के भूमिका अधिका आसान लागल ?
पहिला फिलिम में त सब कुछ निर्देशक का इशारा पर करे होला. बाद में कैमरा के आदत पड़ जाला आ आपन ‘बेस्ट’ देबे के कोशिश होला. कलाकार खातिर कॉमेडी भा एक्शन दुनु एके तरह असर करेला.

रवि किशन जइसन सीनियर स्टार का साथे ‘‘मार देब गोली केहू ना बोली’’ में काम करके कुछ सिखहु के मिलल ?
रवि जी बहुते समर्पित कलाकार हईं. उनुका से त बहुत कुछ सिखल जा सकेला. लेकिन सबले बड़ सीख ई रहल कि ऊ सेट पर डायरेक्टर के एक्टर होलें आ रविकिशन ना रहि जास.

‘‘मुन्नी बदनाम भईल सैंया तोहरे खातिर’’ का बारे में कुछ अउर ?
भोजपुरी सिटी प्रस्तुति आ श्रीकृष्णा क्रियेशंस के कृति ‘‘मुन्नी बदनाम भईल सैंया तोहरे खातिर’’ एगो कंपलीट मसाला फिल्म हवे, जवना के जीतेश दुबे प्रस्तुत करत बाड़े आ पायल दुबे निर्माण करत बाड़ी. निर्देशन के कमान अजय कुमार सम्हरले बाड़न. फिल्म दिसम्बर में फ्लोर पर चल जाई.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up