पवन सिंह के लड़ाई ल अँखिया आजु से

by | Jun 24, 2011 | 0 comments


बिहार का थियटरन में २४ जून के पवन सिंह अभिनीत फिल्म “लड़ाई ल अँखिया ए लौण्डे राजा” रिलीज होखे जा रहल बा. निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद के एह फिल्म में पवन सिंह राजा नाम के एगो ब्लैकियर बनल बाड़े जे सिनेमा के टिकट ब्लैक में बेचेला. एक दिन शहर के एसपी के बेटी मोना अपना सहेलियन का साथे सिनेमा देखे आइल त शहर के बाहुबली भागड़ यादव के बेटा नीरज ओकरा साथे बदतमीजी कर बइठत बा. मोना के एगो सहेली गीता नीरज के थप्पड़ मार देत बिया त नीरज ओकरा से बदला लेबे के ठान लेता. ओह समय त राजा आ के गीता के बचा लेत बा.

बाद में एगो शादी का दौरान नीरज गीता के बेरहमी से रेप कर देता आ राजा ओकरा के थाना में बन्द करा देत बा. नीरज के छोड़ावे आइल भागड़ यादव के पुलिस इंसपेक्टर विराज पर कुछ नइखे चल पावत त ऊ उपर के अधिकारियन से संपर्क कर के विराज पर दबाव बनवावत बा. विराज दबाव में आवे का बदले नौकरी छोड़ देता. भागड़ नीरज के छोड़ा ले जात बा आ एक दिन मौका पा के विराज के पूरा परिवार के मौत के घाट उतार देत बा.

एह सब से दुखी मोना तब अपना एसपी पिता के सहारा ले के राजा के पुलिस इंसपेक्टर बनवा देत बाड़ी. इंसपेक्टर बनल राजा तब कइसे न्याय दिलवावत बा एह फिल्म के कहानी के इहे क्लाइमैक्स बा. फिल्म में पवन सिंह, विराज भट्ट, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, अनारा गुप्ता, आनंद मोहन, नीरज राज, धामा वर्मा, गोलू, नन्हे, आ दीपक भाटिया के खास रोल बा. लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, छायांकन देवेन्द्र तिवारी, संगीतकार अशोक कुमार दीप, गीतकार विनय बिहारी, अशोक कुमार दीप, प्यारेलाल, आ बृजेश पाण्डे हउवे.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up