फिलिमन में जेल देखावल त खूब जाला बाकिर ऊ असली जेल ना होके स्टूडियो के सेट भर होला. बाकिर सिनेमा भोजपुरी के रंगबाज हैदर काजमी अपना फिलिम ‘कालिया’ खातिर असली जेल में शूटिंग कइलन आ उहो कवनो छोट मोट जेल ना बलुक नक्सल प्रभावित जहानाबाद के ‘काकोपाली जेल’ में.
बाद में हैदर काजमी बतवलन कि जब काकोपाली जेल देखलन त सोचलन कि एकर इस्तेमाल ‘कालिया’ में कइल जा सकेला. चूंकि एह जेल के अबही बनावल जात बा से शूटिंग के अनुमतिओ आराम से मिल गइल. कहलन कि काकोपाली जेल में शूटिंग कइल उनुका ला एगो नायाब अनुभव रहल.
जबरदस्त एक्शन भरल फिल्म ‘कालिया’ में हैदर काजमी, अक्षरा सिंह, अनिल यादव आ बालेश्वर सिंह के मुख्य भूमिका बा. निर्देशक हउवें शिवराम यादव.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)
0 Comments