- सिनेमा भोजपुरी के न०-1 अदाकारा पाखी हेगडे पिछला दिने अपना फिलिम ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ के सेट पर एगो बड़हन हादसा से बाल-बाल बच गइली जब ट्रैक पर दउड़त रेल गाड़ी का सोझा से लाइन क्रास करे के रहे आ रेल गाड़ी नियत जगह पर ना रूकल. संजोग रहल कि अपना सूझबूझ से एन मौका पर पाखी बगल का झाड़ी पर कूद के बाच गइली. कुछ देर ले पाखी के बेहोशी जस हालत हो गइल रहे. एह दुर्घटना से बचला पर पाखी भगवान के शुक्रिया अदा कइली. (प्रशांत निशांत)<./li>
- बॉक्स ऑफिस के रानी अंजना सिंह के दूगो फिलिम छठ पर बिहार में रिलीज भइली स आ दुनु के निमन ओपनिंग मिलल. अंजना सिंह आजु काल्हु बलिया में अपना फिलिम “दिलदार सँवरिया” के शूटिंग करत बाड़ी. (उदय भगत)
- फिलिम “प्रतिघात” में अक्षरा सिंह के साथे बिपिन सिंह नजर अइहें. कालिया के बाद ई दुसरका मौका होखी जब नायिका अक्षरा आ खलनायक बिपिन सिंह रहीहें एह फिलिम में. फिलिम के निर्देशक हउवें आनंद डी गहतराज आ निर्माता हउवें नीरज यादव. एकर शूटिंग 5 दिसम्बर से गुजरात में होखे जात बा. (भोजवुड न्यूज)
- नीलिमा सिंह एगो महिला विलेन के किरदार में आवे वाला बाड़ी. फिलिम हवे “ठोक देब” जवना के निर्माता यश एंड राज इंटरटेनमेंट आ निर्देशक अजय गुप्ता हउवें. नीलिमा सिंह के सिनेमा भोजपुरी में महतारी के किरदार ला जानल जाला आ अपना भूमिकन खातिर उनुका अवार्डो मिल चुकल बा. (भोजवुड न्यूज)
- विराज भट्ट के जबरदस्त एक्शन से भरल फिलिम “तड़ीपार” खातिर साइन कइल गइल. निर्माता हउवें अजय सूद आ निर्दशक अजय कुमार. (शशिकांत सिंह रंजन सिंहा)
- *मेरे साजन तेरे कारन* में एंटी हीरो किरदार खातिर बालेश्वर सिंह के साइन कइल गइल. निर्देशक हउवें राजीव राय. (अपना न्यूज़)
- गायक अभिनेता सुपर स्टार खेसारीलाल के डबल धमाल चलत बा बिहार में जहाँ छठ के मौका पर रिलीज उनुकर दू गो फिलिम ‘नागिन’ आ ‘लहु के दो रंग’ मिलके पचहत्तर गो सिनेमा घर में धमाल कइले बाड़ी स. एह साल के सबले बड़का हिट ‘जान तेरे नाम’ फिलिमो में खेसारीलाल नायक रहलें. नागिन के निर्माता निर्देशक हउवें राजकुमार पाण्डेय. एह फिलिम में खेसारी आ चर्चित अदाकारा रानी चटर्जी के जोड़ी के लोग हाथो हाथ लिहले बा. (प्रशांत निशांत)
- मोनालिसा के मिलल जनमदिन क तोहफा. मोनालिसा के फिलिम “नागिन” उनुका जनम दिन 21 नवम्बर पर बिहार में रिलीज भइल आ ओकरा मिलल शानदार तोहफा मोनालिसा खातिर जनमदिन के तोहफा जइसन बा. मोनालिसा बेबो करीना कपुर के बड़हन फैन हई आ चाहत रहली कि करीना के “हीरोईन” का तरह उनुको कवनो फिलिम उनका जनमदिन पर रिलीज होखे. एह फिलिम में नायक खेसारी संगे मोनालिसा के गरमागरम सीनो चरचा के विषय बनल बा. (प्रशांत निशांत)
अविनाश शाही आ कोमल ढिल्लन के जोड़ी ‘जागीर का बटवारा‘ में रोमांस करत नजर आई. मोहित म्यूजि़क के बैनर में बनत एह फिलिम के अबही पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा. फिलिम के जनवरी में रिलीज करे के योजना बा. निर्माता हउवें राम चंद्र रोज, सहनिर्माता माया राम निषाद, आ निर्देशक हरप्रीत सिंह. (संजय भूषण पटियाला)- रिक्शावाला करवलसि किरण यादव के हैट्रिक. एक जइसन टाइटिल वाला तीन गो फिलिम कर के किरण यादव एकर हैट्रिक बना लिहली. एह फिलिमन में दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ संगे ‘रिक्शावाला’ सफलता के रिकार्ड बनवले रहल. ‘लव यू रिक्शावाला’ हर जगहे सफलता बटोरत बिया. आ अब किरण तिसरका रिक्शावाला खातिर साइन कइले बाड़ी जवन ह ‘बिहारी रिक्शावाला’. एह में सुपर स्टार विनय आनन्द, नबर वन खलनायक संजय पांडे, आ चर्चित नायिका मोनिका सिंह बत्रा संगे किरण यादव के मजगर किरदार बा. (शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
0 Comments