भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल यादव अब इंस्पेक्टर के भूमिका में लउकीहें. अभय सिन्हा-अजय श्रीवास्तव प्रोडक्शन्स के फिलिम ‘तेरे नाम’ में खेसारीलाल इंस्पेक्टर के भूमिका में बाड़न. फिलिम में इनकर शानदार एक्शनो बा.
किरदार का बारे में खेसारीलाल बतावत बाड़न कि हवलदार बाप के इंसपेक्टर बेटा सूरज बनल बाड़न. सूरज के प्यार एगो विधायक के बेटी से हो जात बा. संजोग कुछ अइसन बनत बा कि विधायक के हत्या के आरोप सूरज बनल खेसारीलाल पर लागत बा आ एह अछरंग से बरी हो के ऊ अपना बाप के सपना पूरावरत बाड़ें.
निर्माता अजय श्रीवास्तव आ विनय तिवारी के एह फिलिम में खेसारी लाल यादव का साथे मोनालिसा, नवोदित नमित तिवारी, गौरी शंकर, सत्यप्रकाश अउर राज प्रेमी के प्रमुख भूमिका बा. निर्देशक हउवें अजय श्रीवास्तव.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments