फिलिम देखे वालन के मिजाज बदल दिहलें चिंटू

by | Jul 9, 2013 | 0 comments

Chintu“होनहार वीरवान के होत चिकने पात” कहावत सही साबित कर दिहले बीस बरीस के प्रदीप पांडेय उर्फ चिंटू. भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री आ भोजपुरी फिलिमन के पुर्नजन्म का बाद साल 2013 में एगो फिलिम रिलीज भइल बा ‘जीना तेरी गली में’. वइसे त अनेके फिलिम अपना सफलता से सिनेमा भोजपुरी के फेर से टिकावे में अइसन लगले कि अमिताभ बच्चन जइसन महानायको के भोजपुरी परदा पर आवे पड़ल. सिनेमा भोजपुरी के फेर से जमावे में गायक से अभिनेता बनल मनोज तिवारी के आगम बहुते शुभ रहल. एहसे गायक से अभिनेता बनल सितारन पर दर्शकन के मिजाज जमे लागल. हालांकि ओही दरम्यान रविकिशनो नायक बनल आपन काम बखूबी करत रहलें. ओह जमाना में मनोज तिवारी मृदुल आ रविकिशन सिनेमा भोजपुरी के मजगर खंभा रहलें जवना लोग पर सगरी इंडस्ट्री के बोझा टिकल रहुवे. तबो लोग के कहना रहे कि सिनेमा भोजपुरी में गायक से नायक बनल सितारे टिकीहें. मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, सुमित बाबा, सुनिल छैला बिहारी, छोटू छलिया, खेसारी लाल यादव आ कल्लुआ वगैरह के कड़ी एह धारणा के मजबूत करत गइल. दोसरा ओर रविकिशन, विनय आनंद, सुदीप पांडे, अजय दीक्षित, अविनाश शाही, प्रवेश लाल यादव आ प्रदीप पांडे चिंटू जइसन नायको दर्शकन के प्यार आशीर्वाद बटोरे में उनइस ना पड़लन. देखीं त सिनेमा भोजपुरी के दर्शकन के दू गो पाँत बा, जवना में से एगो गायक से नायक बने वालन के आ दोसरका मूल रुप से नायके बन के आवे वालन के पसंद करेला.

सिनेमा जगत में सफलता के पैमाना फिलिमन के कमाई होला. सगरी निर्माता, वितरक, सिनेमाघर मालिक इहे चाहेलें कि उनकर कमाई अधिका से अधिका होखे. एह पैमाना पर गायक से नायक बने वाला अभिनेता पहिला पसंद बाड़े एह लोग के. बाकिर दर्शकन का बारे में इहे बात ओतने जोर से ना कहल जा सके. एकर सबले ताजा उदाहण बा ‘ जीना तेरी गली में’फिलम. ई फिलिम सगरी पैमाना बदलत नया इतिहास रचे जात बिया.

एह फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ से अइसन नायक के आगम भइल बा जेकरा बारे में आराम से कहल जा सकेला कि ‘देखन में छोटन लगे घाव करे गम्भीर’. बीसे बरीस का उमिर में सिनेमा के रुपहला परदा पर जवना तरह से अभिनय के बारिकियन के समझदारी क साथ अपना अभिनय में समाहित कर चिंटू आपन कौशल देखवले बाड़ें लाग ता कि उनुका माता सरस्वती के वरदान मिलल बा. अभिनय, नृत्य, कॉमेडी, एक्शन आ इमोशन के सगरी गुन से लबरेज एह चेहरा पर झलकत आत्मविश्वास जतावत बा कि सबसे कम उमिर के नायक प्रदीप पांडेय उर्फ चिंटू के अभिनय कौशल विरासत में मिलल बा. एहसे पहिले चिंटू आपन कलाकारी बाल कलाकार का रूप में दिवाना, सात सहेलियॉं, देवरा बड़ा सतावेला, मैं नागीन तू नगीना, सौगन्ध गंगा मईया वगैरह फिलिमन में देखा चुकल रहलें. ओह घरी लोग कहत रहे कि एगो निर्देशक के बेटा हउवें. अब अगर विद्वान शिक्षक का लगे प्रतिभावान शिष्य होखे त निश्चित रूप् ऊ शिष्य कमाल कर देखाई. अइसने भइल बा चर्चित आ कुशल निर्देशक राज कुमार आर पांडेय आ अभिनेता प्रदीप पांडेय चिंटू संगे. राज कुमार आर पांडेय निर्देशित सगरी फिलिम हिट भइल बाड़ी सँ. कहे वाला त कहेले कि राजकुमार आर पांडे के नामे सफलता के गारंटी होला. अब उनुका हर फिलिम में प्रदीप पांडेय चिंटू बाल कलाकार बनत रहले आ लोगो कहत रहे कि बाप निर्देशक बाड़े त बेटा के हीरो बनाइए दीहें. मानत बानी कि बाप के निर्देशक होखला का चलते प्रदीप चिंटू के मौका मिलत गइल बाकिर औह मौका के फायदा उठावत आपन कला देखावत टिकल रह गइल एहु ले बड़ बात बा.

अब नायक का रूप में अपना पहिलके फिलिम से प्रदीप पांडे उर्फ चिंटू फिलिम देखे वालन के मिजाज बदल दिहले आ दर्शक प्रदीप पांडेय उर्फ चिंटू के युवा हृदय सम्राट मानत आपना भरपूर प्यार आ आशीर्वाद दे दिहलें. ई हमनी के भोजपुरी इंडस्ट्री ला गौरव के बात बा. बड़ खानदान भा बड़ बाप का घरे जनमल किस्मत के बात होला बाकिर ओह परम्परा के, मर्यादा के बनवले राखल आदमी के अपना चरित्र आ इच्छा शक्ति पर निर्भर करेला. एगो जानल मानल निर्देशक अपना बेटा के स्टार बना दिहलें आ बेटो अपना मेहनत, लगन, इच्छा शक्ति लिहले अनुशासन मे रहके अपना बाप के पगड़ी के लाज रख लिहलन आ कुल खानदान के नाम रौशन कर दिहलन.

त आईं निर्देशक राजकुमार आर पांडेय के बधई दिहल जाव आ प्रदीप पांडेय उर्फ चिंटू के एह सफलता के बनावे रखला के शुभकामना.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up