बलिया में लोकरस के सरिता बहल

by | Oct 3, 2013 | 2 comments

lokras1मंगल के साँझ बलिया के लोग बापू भवन, टाउन हॉल, में भोजपुरी लोकरस में देर रात ले डूबल उतराइल. भोजपुरी गीतन से फूहड़पन हटावे का अपना अभियान के रचनात्मक तरीका से परंपरागत भोजपुरी गीतन के फेर से जीयतार बनावे का मकसद से बलिया के एगो सामाजिक सांस्कृतिक संस्था ‘पहल’ एह कार्यक्रम के आयोजन कइलसि.

कार्यक्रम के शुरुआत मुख्य अतिथि टाउन डिग्री कालेज के संगीत विभाग के अध्यक्ष डा.आलोक सक्सेना दीया जरा के कइलन. ओकरा बाद गायिका अनुभा राय ‘नीमिया के डाढ़ि मइया लावेली झुलुववा कि झुली झुली ना’ से लोक रस कार्यक्रम के शुरुआत कइली. उनका बाद अइलन उभरत गायक कुणाल मिश्र जे ‘देवी लचकि परी पंइया ए महतारी’ सुनाके सभका के भक्ति का रस मे डूबा दिहलें. आ इनका बाद आइल राजीव राय त कार्यक्रम में अपना गायकी के समां बान्ह दिहले. उनका बाद अइले युवा गायक विशाल गगन जे देर तक ले सुने वालन के अपना गीतन पर झूमावत रहले.

विशाल गगन का बादो अनेके कलाकार आपना गायकी सुनवले. एहमें रीना पाडेय, मयंक मुनमुन, कृष्ण कुमार, प्रीति राय, मिंटू सेवक, अनिल मिश्र, सोनू लाल यादव के गायन बहुते बढ़िया रहल. ‘पहल’ संस्था के सचिव आ जानल मानल गायक शैलेंद्र मिश्र परंपरागत लोकगीत “गंगा माई के ऊंची अररिया” सुनाके एह भोजपुरी परंपरा से लोगन के जोड़ले.

कार्यक्रम में आइल सगरी कलाकारन के गणमान्य लोग का हाथे स्मृति चिह्न दे के सम्मानितो कइल गइल. आखिर में आयोजन समिति के अध्यक्ष लवली शुक्ला सभकर आभार जतवले.

एह कार्यक्रम के सफल बनावे में राकेश विक्रम सिंह, रजनीकांत सिंह, डा॰ आरवीएन पांडेय, सौरभ शुक्ला, अभय सिंह कुशवाहा वगैरह के भरपूर सहयोग रहल.
(नि॰ सं॰)

Loading

2 Comments

  1. डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

    बहुत नीक लागल । भोजपुरी सभ्यता आ संस्कृति के नीमन बनाम असली चेहरा तबे सामने आई जब एह तरह के आयोजनन में बुद्धिजीवी वर्ग रुचि लेबे लागी । बधाई ।
    रामरक्षा मिश्र विमल

  2. NEEMAN SINGH

    अईसन कार्यक्रम के आयोजन करेवाला के साधुबाद .भोपुरिया फूहड़पन से मन आजिज हो गईल बा.

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up