‘‘बिदेसिया’’ के नायिका बनल बाड़ी छवि पाण्डेय

by | Mar 19, 2012 | 0 comments

पटना के रहेवाली आ गायिका का कैरियर से आपन शुरूआत करे वाली छवि पाण्डेय अब सिनेमा भोजपुरी के परदा पर नायिका बन गइल बाड़ी. पटना के नवरंग ललित कला केन्द्र से संगीत के विधिवत प्रशिक्षण लिहला का बाद छवि पाण्डेय कलर्स के ‘‘इंडियाज गॉट्स टैलेंट’’ में फाईनल ले चहुँपली आ ओकरा बाद महुआ टीवी के ‘‘सुर संग्राम’’ शोओ में अंतिम दौर ले चहुँपली. एकरा बाद उनुका महुआ टीवी के धारावाहिक ‘‘अंखियों के झरोखे से’’ में काम करे के मौका मिलल. एह धारावाहिक में छवि के अदाकारी देखत निर्माता महुआ मीडिया आ अभय सिन्हा उनुका के भिखारी ठाकुर के कालजयी नाटिका ‘‘बिदेसिया’’ पर आधारित ओही नाम के फिलिम में बतौर मुख्य नायिका ले लिहले.

“बिदेसिया” फिल्म में छवि झुमकी नाम के लड़की के भूमिका में बाड़ी जे ‘‘बिदेसिया’’ के दुलहिन बनत बिया. नायक बिदेसिया बनल बाड़न दिनेशलाल यादव निरहुआ आ निर्देशक हउवन रंजन कुमार सिंह.

फिल्म में छवि पाण्डेय के अदाकारी के रशेज देखला का बाद सभे तारीफ करत बा. आ कहत बा कि भोजपुरी के नयकी सुपरस्टार अदाकारा होईहें छवि पाण्डेय. एह फिल्म के गानो में छवि आपन मधुर आवाज दिहले बाड़ी.

छवि के कहना बा कि ऊ हमेशा साफ सुथरा मनोरंजन देबे वाली फिलिम करीहें आ पटना अउर बिहार के गौरवान्वित करीहें.

छवि के बेस्ट ऑफ लक.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up