बिरहा सम्राट विजयलाल यादव तीन गो मल्टीप्लेक्स में

by | May 10, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहिला बेर कवनो फिल्म के रिलीज सिंगल स्क्रीन थियेटरन का साथही तीन तीन गो मल्टीप्लेक्सो में रिलीज कइल गइल आ एह फिल्म के देखे वालन के भीड़ देख के कहल जा रहल बा कि नदिया के पारबिदाई का बाद पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म के देखे खातिर अइसन भीड़ जुट रहल बा. एह फिल्म के नाम ह भईया के ससुरारी में.

मुंबई का अंधेरी के फेम एडलैब मे, गोरेगाँव का मूवी स्टार में , आ जागेश्वरी के २४ कैरेट में एकरा के रिलीज कइल गइल बा. निर्मात्री रीना एस पासी एह फिल्म ले दर्शकन खातिर तीनो मल्टीप्लेक्स में शुरु के तिन दिन खातिर टिकट दर में पचास फीसदी के छूट दे दिहली. एकर फायदा ई भइल कि यूपी बिहार के भोजपुरिया परिवार मल्टीप्लेक्सन में फिल्म के आनन्द ले रह बाड़े.

सिंगलो स्क्रीन थियेटर पर पूरा दाम लागे का बावजूद वइसने भीड़ उमड़त बा. राजकुमार आर पाण्डे निर्देशित एह फिल्म में बिरहा सम्राट विजयलाल यादव आ रानी चटर्जी के जोड़ी मुख्य भूमिका में बा. देखे वाला कहत बाड़न कि विजय लाल यादव में आवे वाला दिन के सुपर स्टार झलकत बा. फिल्म में विजय लाल यादव एगो अइसन देवर का भूमिका में बाड़न जवना के देख के सलमान खान के याद आ जात बा. भोजपुरिया चुलबुलापन लिहले विजय लाल के शानदार डायलाग डिलिवरी, खतरनाक एक्शन, सादगी भरल चेहरा, आ कामेडी पंच दर्शकन के खूब मजा दे रहल बा. ट्रेड पंडितन के कहनाम बा कि भोजपुरिया दर्शक गायक अभिनेता के सुपर स्टार बना के रहेलें आ भोजपुरी सिनेमा के इतिहास एकर गवाह बा..


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up