काल्हु शुक का दिने बीतला जमाना के मशहूर अभिनेत्री साधना, जिनकर पूरा नाम रहुवे साधना शिवदासानी, के लमहर बीमारी का बाद अस्पताल में निधन हो गइल.
2 सितंबर 1941 का दिने आजु के पाकिस्तान आ तब के हिन्दुस्तान के शहर कराची में जनमल साधना के पहिला ब्रेक मिलल रहुवे साल 1958 में एगो सिंंधी फिल्म अबाना में जवना ला उनुका के एक रुपिया मेहनताना दीहल गइल रहुवे. हालांकि एकरा पहिले साल 1955 में उ राजकपूर के फिलिम श्री 420 के एगो डांस सीन में शामिल लड़िकियन में शामिल रहली.
ओकरा बाद त उनकर अनेके फिलिम अइली सँ. जवना में से लव इन शिमला आ वक्त समेत कुछ फिलिमन ला फिल्म फेयर पुरस्कार में सबले नीमन अभिनेत्री के पुरस्कार मिलल रहे. लव इन शिमला फिलिम का शूटिंग का दौरान निर्देशक आर के नैयर के लागल कि साधना के लिलार जरुरत से अधिका चौड़ा बा त ओकरा के लुकावे खातिर उनुका बाल के कुछ लट लिलार पर गिरा दीहल गइल. आ उनुकर ई लुक अतना मशहूर भइल कि साधना कट बाल फैशन में आ गइल. जिनकर लिलार चौड़ा ना रहत रहुवे उहो लोग साधना कट करवा लेत रहुवे.
बाद में आर के नैयर से प्यार हो गइल साधना के दुनू जने साल 1966 में बिआह कर लिहलें. ई शादी साल 1995 में नैयर के निधन तक चलल बाकिर संजोग से एह लोग के कवनो बाल बच्चा ना भइल. साधना के मुँह के कैंसर हो गइल रहुवे जवना के आपरेशन करावल गइल रहुवे आ उ ठीको हो गइल रही.
एने कई दिन से बीमार चलला का बाद काल्हु उनकर मौत अस्पताल में हो गइल.
0 Comments