बॉक्स ऑफिस पर रवि किशन के जादू

by | Apr 2, 2013 | 0 comments

RaviKishanसिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के जलवा एह घरी बॉक्स ऑफिस पर सर चढ़ के बोलत बा. एह होली पर बिहार में रिलीज़ भइल उनुकर दुनु फिलिम “साली बड़ी सतावेली” आ “गंगा जमुना सरस्वती” के ऐतिहासिक शुरुवात मिलल. इहो जाने जोग बा कि एह होली पर रिलीज़ भइल तीन गो बड़की फिलिमन में से दू गो में रवि किशन आ रानी चटर्जी के हिट जोड़ी बा. “साली बड़ी सतावेली” के त कई जगहा सौ फीसदीओ से अधिका के ओपनिंग मिलल ८४८ सीट वाला सीतामढ़ी के आर डी पैलेस में पहिला शो में १२६० दर्शक रहलें आ पहिला दिने करीब पाँच हजार दर्शक ई फिलिम देखलें. बाकियो शहरन में कमोबेस इहे हालत रहल.

अपना दोहरी सफलता से गदगद रवि किशन के कहना बा कि फिलिमन के सफलता के पहिला हकदार दर्शक होलें जे बढ़िया शुरुवात दिआवेलें.

रवि किशन के एह साल आवे वाली फिलिमन में “धुरंधर”, “छपरा के प्रेम कहानी”, “प्रेम विद्रोही” वगैरह बाड़ी सँ. लगातार हिंदी के बड़का बैनरन के फिलिमन के शूटिंग में व्यस्त रवि किशन हाल में “इरोज़ की बजाते रहो” के शूटिंग पूरा कर के अब सैफ अली खान आ सोनाक्षी सिन्हा संगे तिग्मांशु धुलिया के फिलिम “बुलेट राज़ा” के शूटिंग करत बाड़ें. .


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up