कला, कलाकार, साहित्य, सिनेमा. ई सगरी माध्यम देश आ समाज के नया दिशा आ प्रेरणा देली स. इतिहास गवाह बा कि एह माध्यमन से कईगो सामाजिक क्रांति भइल बा आ सामाजिक बदलाव आइल बा. समाज में सिनेमा अभिव्यक्ति के एगो मजगर माध्यम ह आ एकर असर समाज पर पड़बे करेला काहे कि देश आ समाज के दिशा देबे वाल नवही सिनेमा के देखादेखी करेले.
पिछला दिने सिनेमाई परदा पर कुछ अइसन फिलिम देखावल गइली स जवन चरचा के विषय बनली स. ख़ास तौर पर ओह फिलिमन के निर्माता-निर्देशकन के, काहे कि ओह लोगन के फिलिम ओह लोग के छवि का हिसाब से ना रहल. एहिजा महेश भट्ट के उदहारण लिहल जा सकेला जे हमेशा अपना फिलिमन में जन आक्रोशवादी नायक के परोसले. अइसन नायक जवन सिस्टम के खिलाफ आवाज़ उठावत रहे आ गरीबन के मसीहा रहत रहे. . साथही उनुका फिलिमन में सामाजिक विसंगतियनो के देखावल जात रहे. बाकिर पिछला कुछेक साल से ऊ आपन नजरिया बदल दिहलन. हाल ई हो गइल कि अपना फिलिम में ऊ पोर्न स्टार सन्नी लियोन के परोस दिहलें. आखिर एकरा के का समुझल जाव ? का आजु के सिनेमादर्शक बदल गइल बा ? का ऊ समाज के सच्चाई देखावे फिलिमन के नकारत जात बा ? आ कि अइसन फिलिम बस रुपिया बिटोरे के लालसा भर रह गइल बा ? सच्चाई जवन होखे बाकिर सोचे जोग बा.
सास बहू से छोटका परदा पर क्रांति ले आवे वाली एकता कपूरो अपना “डर्टी पिक्चर” में विद्या बालन के मांसल देह के भरपूर प्रदर्शन करवली आ करोड़ो बिटोरली. बहरहाल ई सगरी मुद्दा बहस के बा. बात अगर सिनेमा भोजपुरी के कइल जाव त एहिजो कुछ अइसने बा. खबर बा कि “बेटवा बाहुबली” जइसन हिट फिल्म से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज़ में डेग धरे वाली कंपनी विजसन फिल्म्सो “डर्टी पिक्चर्स” के राहे चल निकलल बिया आ अजय दीक्षित के लेके एगो “फूहड़ सनीमा” बनवले बिया. जइसे महेश भट्ट कैम्प में इमरान हासमी तय होलें वइसहीं विजसन फिल्म्सो में अजय दीक्षित फिक्स बाड़े. “फूहड़ सनीमा” पूरा तरह से एगो मसाला फिल्म ह जवना के निर्देशिक हउवें ब्रज भूषण, जिनकर छवि एह से ठीक उलटा बा. ब्रजभूषण सिनेमा भोजपुरी के अकेला निर्देशक हउवें जिनका कला अउर सांस्कृतिक फिलिमन ला दिहल जाए वाला राष्ट्रीय पुरस्कार मिल चुकल बा. मद्रास एफ टी आई आई से स्नातक ब्रजभूषण सेंसर बोर्डो में आपन सेवा दे चुकल बाड़े. ” कहो ना प्यार है”, “लगान”, “हम साथ साथ है” जइसन फिलिमन के ऊ सेंसर कर चुकल बाड़न. इहे ना भोजपुरी ऊ अबले जवने फिलिम बनवले बाड़ें सगरी सामाजिक, पारिवारिक आ प्रेम रस में डूबल रहली सँ. अब अगर “फूहड़ सनीमा” के पोस्टर देखीं त साफ़े पता चल जाई कि फिलिम में कतना फूहड़ता भरल होई.
सवाल उठऽता कि का लोगन के मूड बदल गइल बा ? का हमनी के दर्शक लंगटई पसंद करे लागल बाड़ें ? “फूहड़ सनीमा” कतना फूहड़ होई एकर पता त फिलिम के रिलीज होखला का बादे चली. एहिजा इहो जानल जरूरी होई कि ब्रजभूषण विजसन फिल्म्स के सहयोग से कवना फूहड़ता के बात कइले बाड़न? विजसन फिल्म्स के फिलिम “बेटवा बाहुबली” से भोजपुरी में एक्शन फिलिमन के दौर चल निकलल रहुवे आ भोजपुरी के एगो बढ़िया अभिनेतो मिलल रहे. अब देखे के होई कि एह फिलिम “फूहड़ सनीमा” कवन कीर्तिमान बनावत बिया.
एह फिलिम के निर्माता विजसन फिल्म, आ सह निर्माता आर्यन फिल्म एंड म्यूजिक कं॰.अउर शीतल इंटरटेनमेंट हवे. बहुमुखी अभिनेता अजय दीक्षित के संगे बाड़ी ग्लेमर क्वीन अर्चना सिंह. बतावल जात बा कि फिलिम अगिला महीना रिलीज होखी.
बहरहाल ब्रजभूषण, अजय आ फिलिम के पूरा टीम के बधाई!.
(उदय भगत)
0 Comments