भठियरपन के पोल खोले आ गइली ‘‘सुनैना’’

by | Aug 12, 2011 | 0 comments

आजु का दौर में चारो तरफ अराजकता अउर भठियरपन के माहौल बन गइल बा. ओहसे मध्यवर्गीय परिवार से जुड़ल कवनो ईमानदार इंसान के कवना कवना मुश्किलन से पार पावे के पड़त बा, एहधारावाहिक में इहे देखावल जात बा.

एकर कहानी लिखले बाड़े चर्चित निर्माता-निर्देशक प्रकाश झा. कहानी शुरू होता सुनैना नाम के एगो लड़की से जवन एगो साधारण मध्य वर्गीय परिवार के हिय. ओकरा बाप के घूसखोरी के इंल्जाम लगा के जेल भेज दिहल जा ता. ई बाति सुन के महतारी मर जात बाड़ी. भाई अपना बाप के दुश्मनन से बदल लेबे खातिर नक्सली बन गइल बा. पूरा घर के बिगड़ल माहौल आ विरोधी हालात का बावजू सुनैना अपना बाप महतारी के अधूरा ख्वाब पूरा करे खातिर जीतोड़ मेहनत करत बिया. अपना मेहनत का बल पर ऊ आई॰ए॰एस॰ त बन जात बिया बाकिर ओहिजो ओकरा ओही हालात के सामना करे के पड़त बा.

एह हालात में का होत बा, ई देखे खातिर शुक आ शनिचर के रात 9 बजे से मौर्य टीवी देखे के होई.

श्री ओम क्रिएशन का बैनर में बनल धारावाहिक ‘सुनैना’ के निर्माता अंजू शर्मा आ संजय कपूर हउवे. निर्देशन हवे चन्दर बहल के. आ खास भूमिका में मनोज वर्मा, शिल्पी शुक्ला, ललितेश, राहुल सिंह, श्रीतमा वगैरह कलाकारन के नाम बा.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up