भोजपुरी खातिर मर मिटे के तइयार बाड़न विनय आनन्द

by | Jan 25, 2011 | 0 comments


भोजपुरी हमार आन बान आ शान ह. ई बाति भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द पिछला दिने एगो विदेशी पत्रिका के दिहल साक्षात्कार में कहले बाड़न. विनय आनन्द अबले पचासन भोजपुरी फिल्म में काम कर चुकल बाड़न आ दर्शक उनुका के हाथो हाथ उठा लिहले बाड़न. अपना सफलता के श्रेय दर्शकन के प्यार के देत विनय आनन्द आभार जतवले बाड़न. साथ ही निर्माता निर्देशको लोग के धन्यवाद दिहले बाड़न कि ओह लोग का सहयोग से विनय आनन्द के अतना सफलता मिलल बा कि आजु उनका के गाँवगाँव मे् चिन्हल जा रहल बा. एह साल विनय आनन्द हिन्दी फिल्मन में काम करत एगारह साल पूरा कर लीहें. विनय आनन्द के अगिला फिल्म “साँवरिया आई लव यू” जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म में एक्शन रोमांस आ फेमिली ड्रामा के बहुते बढ़िया मिश्रण बा आ दर्शक एहू फिल्म के खूबे पसन्द करीहें. विनय आनन्द कहले कि ऊ बालीवुडो फिल्म में काम करेले बाकिर उनुका खुशी मिलेला अपना के भोजपुरिया स्टार कहाये में.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up