भोजपुरी परदा मल्टीस्टारर फिलिम ‘‘सौगंध गंगा मईया के’’

by | Mar 27, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के परदा पर मल्टीस्टारर फिल्म ‘‘सौगंध गंगा मईया के’’ धमाल मचावे खातिर तइयार बा. आयुष्मान मीडिया इंटरटेनमेंट प्रा. लि. के बैनर तले बनत सुपरहिट फिल्म ‘‘देवरा बड़ा सतावेला’’ आ “मैं नागिन तू नगीना” फेम दिलीप जायसवाल के पेशकश ‘‘सौगंध गंगा मईया के’’ फिलिम के पूरा शूटिंग पिछला दिने बनारस का अनेके मनोरम लोकेशन पर कराके पूरा कर लिहल गइल.

निर्माता अमिताभ चन्द्रा के एह फिल्म के निर्देशक हउवें भोजपुरी सिनेमा के नंबर 1 निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के तीन गो बड़का स्टार सुपर स्टार पवन सिंह, एक्शन स्टार मनोज पाण्डेय, आ नयका सितारा प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू’ बाड़े. एह लोगन का साथे बाड़ी हॉट अदाकारा काव्या सिंह, स्मृति सिन्हा, आ अक्षरा सिंह. साथ में प्रतिभा पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, ब्रजेश त्रिपाठी, अयाज खान, के.के. गोस्वामी, गोपाल राय, वंदिनी मिश्रा, अनुप अरोड़ा, चांदनी, राकेश यादव आ किरण यादव खास भूमिका में बा लोग.

गीत लिखल हवे राजकुमार आर पाण्डेय, विनय बिहारी, प्यारे लाल यादव, पप्पू ओझा, श्याम देहाती आ आर. आर. पंकज के जबकि सुने में नीक संगीत हवे मधुकर आनंद के. छायांकन रवि चन्द्रन, नृत्य कानू मुखर्जी, संपादन जीतेन्द्र सिंह जीतू. आईटम क्वीन सीमा सिंह आ नाच नचईया धूम मचईया फेम निसार खान पर एगो दिलकश आइटम गीत फिल्मावल गइल बा, एक्शन मास्टर हउवं सिंग इज किंग.

फिल्म 4 मई से देखावल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up