भोजपुरी फिल्म के प्रोमोशन में उतरल एयरटेल

by | Jun 27, 2010 | 1 comment

भारत के अग्रणी टेलिकॉम कंपनी एयरटेल अब भोजपुरी सिनेमा के प्रोमोशनो में डेग धर दिहले बिया.

कांस फिल्म फेस्टिवल में शामिल होखे वाली भोजपुरी के पहिलका फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के प्रोमोशन करे से एयरटेल एकर शुरुवात कइले बिया. अमेरिकन फिल्म निर्माण कंपनी पन फिल्म्स के बनावल एह फिल्म में भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन , भोजपुरी के बैडमेन अवधेश मिश्रा , शिखा , कोमल , ब्रिजेश त्रिपाठी वगैरह मुख्य भूमिका में बाड़े. फिल्म के निर्देशन धीरज कुमार कइले बाड़न.


जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के निर्माता पवन शर्मा, सुधीर कदम आ खुशदीप बंसल से मिलल जानकारी का मुताबिक प्रोमोशन के तहत एयरटेल तीन गो कार्यक्रम आयोजित करी. पहिला कार्यक्रम गुजरात का सूरत में रवि किशन आ अवधेश मिश्रा का मौजूदगी में कइल गइल. अगिला दू गो वाराणसी आ पटना में फिल्म के रिलीज़ से पहिले आयोजित कइल जाई. इहे ना, एयर टेल टॉकिज पर जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के एगो ऑडियो झलको प्रसारित कइल गइल बा. एकरा अलावे एस.एम.एस आ आउट बोंड डायलिंग से एयर टेल फिल्म के जानकारी दर्शकन तक पहुंचा रहल बिया.

बहरहाल एयर टेल जइसन बड़ कंपनी के भोजपुरी फिल्म जगत से जुड़ला से भोजपुरी सिनेमा के सम्मान बढ़ल बा.


(स्रोत : उदय भगत)

Loading

1 Comment

  1. दिवाकर मणि

    कांस फिल्म फेस्टिवल में शामिल होखे वाली भोजपुरी के पहिलका फिल्म “जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में” के पूरा टीम के बहुत-बहुत बधाई…

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up