भोजपुरी सिनेमा जगत के हलचल (15 जून)

by | Jun 15, 2014 | 0 comments

SajnaMangiyaSajaiDaHamarमैनास प्रोडक्शन प्रा लि के बैनर में निर्माता हलचल सिंह के भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के पहिला झलक पिछला दिने जारी कइल गइल. ई फिलिम जून के आखिरी हफ्ता में बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाली बा. (रामचंद्र यादव)


‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ में बालेश्वर सिंह के खूंखार तेवर देखे के मिले वाला बा. प्रेमी प्रेमिका के बीच प्यार के खिलाफत करत बालेश्वर सिंह के निर्दयता देखे जोग बा. फिलिम जून के आखिरी हफ्ता में बिहार झारखण्ड में रिलीज होखी. (रामचंद्र यादव)


‘फिर दौलत की जंग’ के सेंसर प्रमाणपत्र मिल गइल. विराज भट्ट आ अक्षरा सिंह के मुख्य भुमिका वाली एह फिलिम के किशोरी फिल्म्स के बैनर तर निर्माता धुपेन्द्र भगत बनवले बाड़न आ निर्देशक हउवन रत्नेश सिंहा. (शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)


‘जो जीता वही सिकंदर’ के डबिंग करवलन आनंद मोहन. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के परोसल आ ए.एस पिक्चर्स के बैनर तर बनल एह फिलिम के निर्देशक अजय कुमार झा आ निर्माता अनुज कुमार हउवन. मुख्य कलाकार बाड़े खेसारी लाल यादव आ प्रियंका पंडित.(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)


निर्मात्री रेखा सिन्हा आ निर्देशक रवि सिन्हा के चर्चित भोजपुरी फिलिम ‘हथकड़ी’ के पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरु हो गइल बा. एह फिलिम में भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव, खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, नवोदित स्वप्ना बनर्जी वगैरह के मुख्य भूमिका बा. (शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)


तिरुपति बालाजी मोशन्स पिक्चर्स प्रा० लि० के बैनर तर बनल भोजपुरी फिलिम ‘बाज़ीगर’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ जल्दिए ई दर्शकन का सोझा होखी.(संजयभूषण पटियाला)


– अधिक जानेला नीचे दिहल टैग पर क्लिक करीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up