मधुबाला के चाहत में राजवीर यादव

by | Jul 12, 2014 | 0 comments

RajveerYadav
हरफन मौला कलाकार, हर तरह के किरदार के जियतार बना देबे में माहिर अभिनेता राजवीर यादव जल्दिए एगो भोजपुरी फिलिम ‘मधुबाला’ में गो मजगर भूमिका में नज़र अइेहें.

वॉइस मोंक फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर में निर्माता सत्यम शिवम के ई फिलिम रहस्य-रोमांच से भरल एगो आपराधिक प्रेम कहानी ह. निर्देॅशन श्रीगोपाल के बा. फिलिम के कहानी तिकोनिया प्रेम प बा. एह सस्पेंस-थ्रिलर कहानी के कथा-पटकथा अशोक नारायण के लिखल ह आ संवाद श्रीगोपाल के. गीतकार माइकेल बिहारी, संगीतकार अमरेश शाहाबादी, छायांकन हीरा सरोज के, आ सह-निर्मात्री सुप्रीति शिवम अउर विभा सिन्हा हई.

कलाकारन में राजवीर यादव, राकेश मिश्रा, तनुश्री चटर्जी, अर्चना सिंह, गिरीश शर्मा, उत्तम झा, मेहनाज, शशि भूषण आ अशोक नारायण के नाम मुख्य बा.

उत्तर प्रदेश के भदोही जिला के विक्रमपुर के मूल निवासी राजवीर यादव अभिनीत अनेके फिलिम आ चुकल बाड़ी स. जेहमें सईंया सिपहिया, झुलनियाँ लाई द राजाजी, पिया तोसे नैना लागे, उमरिया कईली तोहरे नाम, रंगली चुनरिया तोहरे नाम वगैरह शामिल बाड़ी सँ. एकरे अलावे कुछेक हिन्दीओ फिलिम में राजवीर काम कइले बाड़न जइसे कि जातिवाद, ऐसी दीवानगी, सिन्दूर वगैरह.


(रामचंद्र यादव)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up