मध्य प्रदेश अउर छत्तीसोगढ़ में विनय आनंद

by | Aug 23, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द के दबंग अंदाज़ फिल्म ‘दबंग दामाद’ में नजर आवे वाला बा जवना के शूटिंग आजुकाल्ह मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में चलत बा, विनय आनंद के एगो दोसरो फिल्म ‘एलान-ए-जंग’ के शूटिंग छत्तीसगढ़ में भइल रहुवे. विनय आनंद के कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा के एगो बड़ बाजार मध्य प्रदेश आ छत्तीसोगढ़ में बन सकेला.

रवि सिन्हा निर्देशित फिल्म ‘एलान-ए-जंग’ में विनय आनन्द अतना जबरदस्त एक्शन कइले बाड़न कि ‘घायल’ अउर ‘घातक’ के सनी देओल के याद ताजा हो जाई. ‘एलान-ए-जंग’ ला जब लगभग 200 फाइटरन का बीच विनय आनंद पर एक्शन फिल्मावल गइल रहे त उनुकर एक्शन देख पूरा टीम दंग रह गइल रहे.

‘एलान-ए-जंग’ का अलावा विनय आनंद भोजपुरी अउर छत्तीसगढ़ी भाषा में बनत ‘हमरा नामे जिला हिलेला’ फिलिमो में जबरदस्त एक्शन कइले बाड़े. एह फिल्म खातिर विनय आनन्द खास तौर पर छत्तीसगढ़ी भाषा सिखले. कॉमेडी अउर रोमांस में माहिर विनय आनंद एक्शन के बाकायदा ट्रेनिंग लिहले बाड़े. कहल जाला कि मार्शल आर्ट्स, घुड़सवारी आ तलवारीबाजी में उनुकर कवनो सानी नइखे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

विनय आनन्द

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up