मनोज टाइगर निर्देशक बनलन

by | Feb 2, 2011 | 0 comments


भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल हास्य अभिनेता मनोज टाइगर अब भोजपुरी फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” के निर्देशन कर के निर्देशक का रुप में आपन नया कैरियर शुरु करे जा रहल बाड़न. एह फिल्म के निर्माण बी॰ओबुल सुब्बा रेड्डी “आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट” आ “राहुल मूवी मेकर्स” का बैनर में करे जा रहल बाड़न. फिल्म के प्रस्तुति मास्टर प्रीतम रेड्डी करत बाड़े. हालांकि असलियत ईहे बा कि फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” के निर्देशक मनोज टाइगर पहिला बेर निर्देशन नइखन करत. एकरा पहिलहू ऊ कई गो ड्रामा लिख आ निर्देशित कर चुकल बाड़न. फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” मनोज टाइगर के पुरान आ सफल ड्रामा “अमर प्रेम” के फिल्म रुपान्तर ह. फिल्म के मुहुर्त शॉट दिनेशलाल यादव निरहुआ का बंगला पर पिछला दिने लिहल गइल जहाँ फिल्म जगत के बड़हन बड़हन हस्ती मौजूद रहले. बतावे लायक बाति इहो बा कि निरहुआ आ मनोज टाइगर एकही फिल्म से आपन फिल्मी कैरियर शुरु कइले रहे लोग आ ओह फिल्म के नाम रहुवे “चलत मुसाफिर मोह लियो रे”. अब मनोज टाइगर के निर्देशन में बने जा रहल फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” में दिनेश लाल निरहुआ पाखी हेगडे के मुख्य जोड़ी बा. साथ में अवधेश मिश्रा आ संजय पाण्डेयो खास किरदारन में बावे लोग.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up