मनोज तिवारी का साथ पाखी हेगडे

by | May 2, 2010 | 0 comments

ऋषि इंटरनेशनल प्रोडक्शन का बैनर में बनत चर्चित निर्माता अशोक गुप्ता के फिल्म भईया हमार दयावान में भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी का साथे भोजपुरी के स्टार अदाकारा पाखी हेगडे के जोड़ी पहिला बेर बनल बा. मशहुर निर्देशक असलम शेख के निर्देशन में बनत एह फिल्म में मनोज तिवारी के भूमिका एगो अइसन नौजवान के बा जे हालात के मारल अपराधी बन जात बा. फेर ओकरा जिन्दगी में एगो अनाथ बच्चा आ जात बा जवन ओह नौजवान के जीवन के मकसदे बदल देत बा आ ऊ अपराधी से दयावान बन जात बा.

ओने पाखी हेगडे के किरदार एगो पाकिटमार लड़की के बा जवना के पाला एक दिन मनोज तिवारी से पड़ जात बा आ दुनु एक दोसरा के हो जात बाड़े. निर्देशक असलम शेख आ मेगा स्टार मनोज तिवारी के जोड़ी एहसे पहिले कई गो सुपर हिट फिल्म दे चुकल बा. निर्माता अशोक गुप्ता एकरा से पहिले जब केहू दिल में समा जाला बना चुकल बाड़े आ कई गो दोसरो फिल्म फ्लोर पर बाड़ी सन.

भईया हमार दयावान में मनोज तिवारी आ पाखी हेगडे का साथ रिंकू घोष, शुभम तिवारी, मोनालिसा, रोजा उस्मानी, अरविंद अकेला कल्लू, आ स्टार कामेडियन मनोज टाइगर, अउर किरण कुमार के खास भुमिका बा. फिल्म के सहनिर्माता हरीश गुप्ता, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव कविजी, आ संतोष पुरी, संगीतकार राजेश रजनीश, छायाकार तांबन के॰, एक्शन मास्टर शकील शेख, आ डांस मास्टर कानू मुखर्जी हउवें.

फिल्म के शूटिंग के एक दौर यूपी का प्रतापगढ़ में हो चुकल बा. अब एह महीना मुंबई का कई गो लोकेशन पर एकर बाकी शूटिंग करावल जा रहल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up