भोजपुरी मेगा स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी अबकी होली का मौका पर अपना करोड़ों प्रशंसकन खातिर ले आइल बाड़े एगो होली एलबम जवना के नाम ह ‘रंग ले के दौड़े हनुमान जी’. पूरा तरह फगुआ अंदाज़ वाला एह होली एलबम के विकॉन म्यूजिक जारी करी.
विकऌन म्यूजिक एहसे पहिले अमिताभ बच्चन आ मनोज तिवारी का आवाज़ में ‘हनुमान चालीसा’ जारी कइले रहल आ जवन बहुते लोकप्रिय भइल. अब एलबम ‘रंग ले के दौड़े हनुमान जी’ से खुद मनोजो तिवारी बहुते उत्साहित बाड़न. कहले कि ई एलबम एगो अलगे सवाद दी होली प्रेमियन के. टाईटले बतावत बा कि ई कुछ अलगा तरह के एलबम होई.
(शशिकांत सिंह के रपट से)
0 Comments