मनोज तिवारी के मर्द नम्बर वन

by | Apr 18, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी मृदुल के एक्शन अवतार दर्शक लोग आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ प्रीतम रेड्डी के प्रस्तुति मर्द नम्बर वन में जल्दिये देखेवाला बा. राहुल मूवीज मेकर्स का बैनर मे बनत एह फिल्म में मनोज तिवारी के एकदमे नया लुक बा. उनकर भूमिका एगो अइसन युवक के बा जेकरा अपना प्यार के पावे खातिर कई गो खतरनाक मोड़ से गुजरे पड़त बा. फिल्म के नायिका नया तारिका सायरा बानो बाड़ी.

एह एक्शन फिल्म के निर्माण निरहुआ न॰ १ आ खिलाड़ी न॰ १ बनावे वाला बी ओबुल रेड्डी कइले बाड़े आ निर्देशन कइले बाड़े रमना मोगली. फिल्म में मनोज तिवारी कई गो स्टँट सीन बहुते बढ़िया से कइले बाड़न. मशहुर कामेडियन मनोज टाइगर, मुख्तार खान, मधु, चिट्टी बाबू, आ विकास सिंह के एह फिल्म में मजगर भूमिका बा. गीत कुल नौ गो बाड़ी सँ जवना के विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव लिखले बाड़े. संगीत राजेश रजनीश के ह. कथा पटकथा बी ओबुलसुब्बा रेड्डी के, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के, छायांकंन मोहन चांद के, एक्शन नन्दू के, आ डांस डायरेक्शन मोहन सम्राट के बा. कार्यकारी निर्माता एम किशोर हउवें.

फिल्म के आजकल डबिंग के काम चल रहल बा आ मई का महीना मे एकरा के रिलीज करे के प्लान बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up