मनोज तिवारी साथे संजय पांडे

by | Nov 22, 2011

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे आ मेगा स्टार मनोज तिवारी फिल्म ‘यादव पान भंडार’ में साथेसाथ अइहें. निर्माता जितेश दूबे आ निर्देशक अजय कुमार हउवें. मनोज तिवारी से दू दू हाथ कर के लवटल संजय पांडे के कहना बा कि मनोज तिवारी जइसन व्यवहारिक कलाकार भोजपुरी वर्ल्ड में बहुते कम बाड़ें. कहलें जब मनोज तिवारी का साथे एह फिल्म खातिर जितेश दूबे उनुका के बतौर मुख्य खलनायक साईन कइलन त ऊ अचकचा गइल रहलें. संजय खातिर ई बहुते बड़ सरप्राईज रहल.

वइसे बतावे लायक बा कि संजय पांडे भोजवुड के हर स्टार का साथे काम कर चुजल बाड़न. दोसर ई कि उनुकर सगरी फिलिम सुपर डुपर हिट रहल बाड़ी सँ.साल 2010 में ‘दिवाना’, ‘लहरिया लूटा ए राजा’, ‘सईंया के साथ मड़इया में’, ‘सात सहेलियां’ अउर ‘देवरा बड़ा सतावेला’ सुपर हिट रहली सँ. एह साल 2011 में संजय पांडे के बतौर खलनायक चार गो फिलिम प्रदर्शित भइल बा आ चारो फिल्म ‘दिलजले’, ‘होत बा जवानी जियान ए राजा जी’, ‘दुश्मनी’ अउर ‘नाग नगीना’ एह साल के बड़हन हिट गिनात बा. अबही एह साल संजय पांडे के अउरियो कई गो बेहतरी फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up