मलेशिया में 21 जुलाई के जुटीहें भोजपुरी सिनेमा के तमाम दिग्गज

by | Apr 30, 2018 | 0 comments


भोजपुरी सिनेमा के अकेल इंटरनेशनल फिल्म फेस्टीवल अबकी मलेशिया में 21 जुलाई 2018 के होखे जा रहल बा.
एह अवार्ड समारोह के जानकारी देत यशी फिल्म्स के अभय सिन्हा बतवलें कि एह अवार्ड समारोह में भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी, हिन्दी फिल्मों के सुनील शेट्टी, भोजपुरी सुपरस्टार रविकिशन, दिनेशलाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, विनय आनंद, कृष्णा अभिषेक, अरविन्द अकेला कल्लू, रितेश पांडे, मधु शर्मा, मोनालिशा, आम्रपाली दुबे, अक्षरा सिंह, पायल रोहतगी, शिविका दिवान, श्यामली, शुभी शर्मा, राकेश मिश्रा अउर राजीव मिश्रा समेत अनेके लोग शिरकत करी. एह मौका पर भोजपुरी सिनेमा में योगदान देबे वाला कुछ खास अतिथियन के सम्मानो कइल जाई. साथही सबले नीक फिलिम आ कलाकार अउर टेक्निशियनो के सम्मान कइल जाई. समारोह में मलेशिया सरकार के आ भारत के कुछ बहुते खासो अतिथि शामिल होखिहें.
अभय सिन्हा कहलन कि भोजपुरी में बहुत बढ़ियो फिलिम बनेली सँ बाकिर भोजपुरी सिनेमा अउरी गीत गवनई लेके अइसन बदनाम क दीहल गइल बा कि नीमन काम ओह हवा में देखा सुना नइखे पावत. कहलन कि एही माहौल को सुधारे बदे एह अवार्ड समारोह का जरिए भोजपुरी सिनेमा के नीमनका रुप देखावल जाई.
जान जाईं कि विदेश में भोजपुरी सिनेमा के अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह के शुरुआत क के भोजपुरी सिनेमा के सितारनके दूर देश ले जा के सम्मानित करवलें. भोजपुरी सिनेमा के पहिलका अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह मॉरीशस में करावल गइर रहुवे आ ओकरा बाद दुबई में. पिछला साल एकर आयोजन लंदन में कइल गइल आ अब भोजपुरी सिनेमा के चउथका अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह मलेशिया में आयोजित कइल जा रहल बा.
भोजपुरी सिनेमा के अन्तर्राष्ट्रीय अवार्ड समारोह भोजपुरी के आवाज गाँव देहात से उठा के सात समन्दर पार ले जाके एकरा के चर्चित करा दिहल गइल बा आ भोजपुरी दुनिया के विस्तार करत एकरा के अन्तर्राष्ट्रीय मंच प्रदान कइल गइल बा.
एह अवार्ड समारोह ले के भोजपुरी सिनेमा इंडस्ट्री में उछाह के माहौल बा.


(शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up