मल्टीप्लेक्स में देखावल जाव भोजपुरी फिलिम – मनोज तिवारी

by | Feb 17, 2012 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार आ गायक मनोज तिवारी बिहार, यूपी आ झारखंड सरकारन से मांग कइले बाड़न कि जइसे महाराष्ट्र के मल्टीप्लैक्सन में रोजाना मराठी फिलिमन के एक शो देखावल जरूरी होला वइसही उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखंड के मल्टीप्लैक्सनो में भोजपुरी फिलिमन के एक शो जरूरी बना देबे के चाहीं.

मनोज तिवारी बतवले कि भोजपुरी फिलिमन के अधिकतर निर्माता अबही गैर भोजपुरी बाड़े जवना से एह संस्कृति के वास्तविक तस्वीर नइखे परोसल जात. एह राज्यन के सरकारन के चाहीं कि भोजपुरी फिलिमन खातिर राज्य स्तर पर अलगा सेंसर बोर्ड बनावे. अपना बेबाक अंदाज में मनोज तिवारी कहलन कि देश में भोजपुरी बोले वालन के गिनिती बहुते बा बाकिर ओहमें से थोड़के लोग ई फिलिम देखे चहुँपेला. एकर एगो बड़हन कारण ई बा कि मल्टीप्लेक्सन में भोजपुरी फिलिम नइखे देखावल जात आ मध्य आ उच्च वर्ग के दर्शक एह चलते भोजपुरी सिनेमा देखे नइखन आवत.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up