मल्टी स्टारर फिल्म केहू हमसे जीत ना पाई

by | May 2, 2011 | 0 comments

जानल मानल निर्माता डा॰ वजाहत करीम आ डा॰ सुरहिता करीम जी के फिल्म्स प्रोडक्शन प्रा॰लि॰ का बैनर में एगो मल्टीस्टारर भोजपुरी फिल्म बनवले बाड़े जवना के लेखक आ निर्देशक हउवें एम॰आई॰राज. एह फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ रिंकू घोष के जोड़ी बिदाई आ बलिदान का बाद फेर नजर आवे जा रहल बा. फिल्म के बाकी कलाकारन में सुशील सिंह, मनोज टाइगर, मोहित घई, राजीव दिनकर, महेश राजा, हितेन्द्र पाण्डेय, प्रतिभा पाण्डेय, स्वाति वर्मा, कोमल ढिल्लन, श्रीकंकाणी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला आ शाहबाज खान के नाम शामिल बा.

डा॰ करीम दम्पत्ति के एह देशभक्ति भरल फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” के शूटिंग उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में करावल गइल बा. डा॰करीम एह फिल्म से पहिले दू गो हिन्दी फिल्म “सोच” आ ” दो दिलों के खेल में” बना चुकल बाड़न. उनकर कहना रहे कि ढेर दिन से एगो बढ़िया भोजपुरी फिल्म बनावे के इच्छा मन में रहे आ जब मनलायक स्क्रिप्ट मिल गइल त देशभक्ति के जज्बा वाला एह स्क्रिप्ट पर ऊ फिल्म बनावल तय कर लिहले.

केहू हमसे जीत ना पाई के कहानी एस॰ के॰ चौहान के लिखल ह. संगीत सतीश अजय, राम प्रवेश आ अमरेश झा के ह. गीत एस॰के॰चौहान, नफीस आलम, फणिन्द्र राव, संतोष पुरी, श्याम देहाती आ रुस्तम घायल के लिखल बा. कैमरा संचालन आकाश दीप के, एक्शन राम शेट्टी के बा. कार्यकारी निर्माता हवें सुनील सिंह.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up