मुंबई में चलत हैदर काजमी के लड़ाई आ भोजपुरी सिनेमा जगत के कुछ अउर हलचल

by | May 30, 2014 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के रियल रंगबाज हैदर काजमी के मुख्य भूमिका वाली भोजपुरी फिलिम ‘लड़ाई’ बिहार में सफलता के डंका पिटला का बाद अब ३० मई से मुंबई में रिलीज होखे जात बा. मुंबई में एकरा के तीस गो सिनेमाघर में रिलीज कइल जाई. मुख्य कलाकारन में हैदर काजमी, विशाल तिवारी, मिस फेमिना नूरी शेख, आ अंजना सिंह वगैरह बा लोग.

जानल मानल निर्माता कांतिलाल पी मारू आ निर्देशक दिनेश यादव के दोसरकी भोजपुरी फिलिम ‘दिवानगी हद से’ बिहार में जून माह में रिलीज होखे जात बा. साल 2014 के भोजपुरी सुपर स्टार राकेश मिश्रा एकर नायक बाड़े. वितरक बाड़न डाक्टर सुनील.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के परोसल आ ए.एस पिक्चर्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘जो जीता वही सिंकदर’ के डबिंग शुरू हो गइल बा. निर्माता अनुज कुमार आ निर्देशक अजय कुमार झा के एह फिलिम के मुख्य कलाकार बाड़े सुपर स्टार खेसारी लाल यादव, प्रियंका पंडित, पूनम दूबे वगैरह.

निर्मात्री रेखा सिन्हा आ निर्देशक रवि सिन्हा के चर्चित भोजपुरी फिलिम ‘हथकड़ी’ के शूटिंग के दुसरका शैड्यूल पूरा हो गइल बा. पिछला दिने मुंबई के मड आयलैंड, चाईना क्रीक आ फिल्मीस्तान स्टूडियो वगैरह जगहन पर एकर शूटिंग कइल गइल. एहमें सुपर स्टार दिनेश लाल यादव आ खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, नवोदित स्वप्ना बनर्जी वगैरह के मुख्य भूमिका बा.

RaniChatarji3
‘प्यार कौनो खेल नाहीं’ जइसन सफल भोजपुरी फिलिम बना चुकल निर्माता निर्देशक राकेश कुमार अपना अगिला फिलिम ला भोजपुरी सिनेमा के रानी कहाए वाली अदाकारा रानी चटर्जी के बतौर मुख्य नायिका साईन कइले बाड़न. राकेश सिने मिडिया प्राईवेट लिमिटेड के बैनर तले बनत एह फिलिम के लेखक मनोज के कुशवाहा, गीतकार कृष्णा बेदर्दी, महेश परदेशी अउर आजाद, संगीतकार कृष्णा बेदर्दी, कैमरामैन बिरजू चौधरी, आ कला निर्देशक अंजनी तिवारी हउवन. सहयोगी निर्देशक बाड़न अंशु पंत. मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, अभिषेक राय, रंजन यादव , उमेश सिंह आ ललन सिंह केनाम शामिल बा. फिलिम जल्दिे सेट पर जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up