यादवो जी के दिन फिरल

by | Feb 17, 2018 | 0 comments

बरीसन से रितीज होखे के राह तिकवत भोजपुरी फिलिम “यादव पान भंडार” अब रिलीज होखे का लाइन में लाग गइल बा. आ एकरा साथही मनोज तिवारी लमहर दिन बाद सिनेमा का पर्दा पर लउकिहें. पीआरओ रंजन सिन्हा के भेजत एगो पोस्ट से एह बात के जानकारी मिलल बा कि भोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर के जनक आ लोकगायक से लोकअभिनेता आ ओकरो बाद लोक प्रतिनिधि बन गइल मनोज तिवारी के भोजपुरी फिलिम ‘यादव पान भंडार’ के रिलीज करे के तिय़ारी शुरु हो गइल बा.

श्रीकृष्णा क्रियेशन्स के बैनर तर बनल एह फिलिम के पहिलका झलकी जारी हो गइल बा जवना में मनोज तिवारी सुगापंखी रंग के बंडी पहिरले पान बेचत नजर आव बाड़न. फिलिम में उनुकर नायिका बाड़ी गुंजन पंत. फिलिम रिलिजो जल्दिए हो जाई. साल 2014 के लोकसभा चुनाव में मनोज तिवारी नॉर्थ ईस्‍ट दिल्‍ली से भाजपा के सांसद बन गइलें आ एह घरी दिल्‍ली प्रदेश भाजपा के अध्‍यक्षो उहे बाड़न. राजनीति में अइला का बाद रिलीज होखे वाली ई मनोज तिवारी के पहिलका फिलिम होखी. आ एकरा से ऊ त चरचा में अइबे करीहें फिलिमो के भरपूर प्रचार मिल जाई.

पीआरओ रंजन सिन्‍हा बतावत बाड़न कि ‘यादव पान भंडार’ एगो पनवाड़ी के कहानी ह आ एकर मुख्य किरदार बाड़ें मनोज तिवारी. करीब पाँच बरीस के अन्तराल का बाद मनोज तिवारी के कवनो फिलिम रिलीज होखे जा रहल बा. बाकिर भोजपुरी सिनेमा से उनुकर नाता कबो ना टूटल. पिछला बेर ऊ फिलिम ‘गोबर सिंह’ में नजर आइल रहलें बाकिर भोजपुरी के कईएक मंचन पर उनुकर मौजूदगी हमेशा बलन रहल बा. संसदो में ऊ भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावो के आवाज उठा चुकल बाड़ें.

रंजन सिन्‍हा इहो कहलन कि मनोज तिवारी आ रानी चटर्जी स्टारर फिलिम ‘ससुरा बड़ा पैसा वाला’ से भोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर के शुरुआत भइल जवन अबहीं ले जारी बा. भोजपुरी फिलिम इन्डस्ट्री अब बहुते बड़ हो गइल बिया. उमीद कइल जाव कि ‘यादव पान भंडार’ से भोजपुरी सिनेमा फेरु आपन रफ्तार धरी.

श्रीकृष्णा क्रियेशन्स के बैनर में बनल ‘यादव पान भंडार’ के निर्माता जितेश दुबे आ पायल दुबे, निर्देशक अजय कुमार, गीतकार श्याम देहाती आ संगीतकार मधुकर आनन्द हउवें.

कलाकारन में मनोज तिवारी, गुंजन पंत, संजय पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, सीमा सिंह, सी.पी.भट्ट, नीलिमा सिंह, रीना रानी, विकास सिंह बिरपन्न, विनोद मिश्रा, अउर बालगोविन्द बंजारा के नाम खास बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up