रहस्य रोमांच लेके आवत बाड़े सेनापति श्रीपत

by | Mar 10, 2011 | 0 comments

बात अगर भोजपुरी सिनेमा के होखे त दिमाग में परिवार, समाज , खून खराबा अउर सेक्स के तड़का मारे वाली फिल्मे नज़र आवेली सँ बाकिर अब एगो अइसन फिलिम आवत बिया जवना में रहस्य आ रोमांच त भरपूर बड़ले बा, एकर एक्शनो दृश्य लोग के दांत तर अंगूरी दबावे के मजबूर कर दी. भोजपुरी फिल्म ” मैं नागिन तू नगीना” में एह एक्शन दृश्य के अंजाम दिहले बाड़न भोजपुरी के हॉट केक अभिनेता मनोज पाण्डेय जे एह फिल्म में सेनापति श्रीपत का भूमिका में बाड़े. फिल्म के निर्माण कइले बा निर्देशक राज कुमार आर. पाण्डेय आ निर्माता दिलीप जायसवाल के जोड़ी. बतौर अभिनेता. मनोज के ई दुसरकी फिलिम हिय. पहिलकी “लहरिया लूटऽ ए राजा जी” पिछला साल के सुपर हिट फिल्मन में शामिल रहुवे.
अपना पहिलके फिल्म से दर्शक आ फ़िल्मी पंडितन के आपन मुरीद बना लेबे वाला मनोज के कहना बा कि “मैं नागिन तू नगीना” में उनुकर किरदार के दू अलग अलग शेड्स देखे के मिली. बड़ बड़ अजगर अउर भयानक नागन का साथे शूटिंग कइल कवनो आसान काम ना रहे बाकिर अभिनय के अपना जूनून खातिर ऊ ई सब कइले. फिल्म में एक्शन दृश्यन के भरमार बा जवन भोजपुरी के तमाम दिग्गज खलनायक मसलन अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय अउर अयाज़ खान का साथे फिल्मावल गइल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up