राहुल राय बनावत बाड़न मनोज तिवारी का साथ भोजपुरी में सिंघम

by | Aug 18, 2011 | 0 comments

‘आशिकी’ फिल्म के नायक आ बिग बॉस विजेता राहुल राय अब भोजपुरी फिल्म बनावल शुरु करे जा रहल बाड़े. उनुकर पहिलका फिल्म के नाम हवे ‘एलान’, जवना के भोजपुरी के ‘सिंघम’ बतावल जा रहल बा. एह फिल्म में भोजपुंरी सिनेमा के दशक के सबले बड़ सितारा मनोज तिवारी आ राहुल राय मुख्य भूमिका में नज़र अइहे.

‘एलान’ के निर्देशक हउवे धीरज कुमार. राहुल राय प्रोडक्शन का बैनर में बने जा रहल एह फिल्म ‘एलान’ में मनोज तिवारी एगो अइसन पुलिस अधिकारी के भूमिका में बाड़े जवन ‘सिंघम’ के याद दिआ दी. जबरदस्त एक्शन से भरल एह फिल्म के लेके राहुल राय बतवले कि जइसही ऊ ‘एलान’ के स्क्रिप्ट देखलन त चउँक गइलन. फेर तुरते तय कइलन कि एह स्क्रिप्ट पर फिल्म बनावल जाय. फिल्म में नायक के भूमिका सुनते राहुल का दिमाग में मनोज तिवारी के चेहरा सामने आ गइल आ एह फिल्म में मनोज तिवारी के साईन कर लिहल गइल.

‘एलान’ के मुख्य कलाकारन में मनोज तिवारी, राहुल राय, योगेन्द्र तिवारी, लवी रोहतगी, मोनिका बत्रा, लवीना, प्रमोद पांडे, विकास सिंह आ गजेन्द्र चौहान शामिल बाड़े. एह फिल्म में एक्शन खातिर साउथ के भारी भरकम टीम अउर अत्याधुनिक सुविधा के इस्तेमाल कइल गइल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up