लमहर छलांग लगा दिहलें यश

by | Jul 11, 2013 | 0 comments

jumpingYashसिनेमा भोजपुरी के राइजिंग स्टार आ “दिलदार सांवरिया” से चरचा में आटल यश कुमार गजब के ऊँच छलांग लगवले बाड़े. ई छलांग ना त कवनो फिलिम के काल्पनिक दृश्य ह आ ना ही कवनो प्रतियोगिता के. दरअसल यश के हिंदी सिनेमा के जानल मानल निर्देशक विमल कुमार अपना भोजपुरी फिलिम “दरियादिल” खातिर अनुबंधित कइले बाड़न. मुंबई टाकिज के बैनर तर बने जात एह फिलिम के निर्माता हउवें वरदान आस्था

जाने जोग बा कि यश के पहिलका फिलिम “दिलदार सांवरिया” हाल ही में बिहार में रिलीज़ भइल बा आ बॉक्स ऑफिस पर सफल साबित भइल बा. आ मुंबईओ में जल्दिए रिलीज़ होखे वाली बा. एह फिलिम का बाद यश के अगिला फिलिम होखी “राजा जी आई लव यु”. दीपक शाह निर्मित आ विनय बिहारी निर्देशित एह फिलिम के शूटिंग अब अपना आखिरी चरण पर बा. यश के अनुसार, विमल कुमार जइसन बड़हन लेखक निर्देशक के फिलिम के हिस्सा बनल एगो बड़का सपना के साँच भइला जस बा.

फिलहाल दरियादिल के कहानी लिखात बा आ फिलिम जल्दिए फ्लोर पर जाई. यश कुमार के एह बड़हन छलांग के चरचा इंडस्ट्री में जोर धइले बा. इहो जान जाईं कि विमल कुमार के निर्देशित पहिलका भोजपुरी फिलिम “देस परदेश” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up