"लहू के दो रंग" बजवलसि कामयाबी के डंका

by | Jan 9, 2013 | 0 comments

lahu-ke-do-rang-posterपिछला साल 2012 में हालांकि अनेके भोजपुरी फिलिमन के दर्शक पसंद कइलें बाकिर “लहू के दो रंग” के जादू ओह लोग का माथे चढ़ के बोलल. फिलिम साल के 2012 ब्लॉकबस्टर साबित भइल. एह कामयाबी के मायने तब अउर खास हो जाई जब जानब कि ई बड़हन फिलिमन का बीचे रिलीज होखला का बावजूद ई सफलता लिहलसि.

कसल पटकथा आ नया तरीका के प्रस्तुतीकरण का साथे नवोदित अभिनेता राजेश राज के धमाकेदार एक्टिंग एकरा के अइसन बना दिहलस जइसन फिलिम के दर्शक ढेर दिन से तिकवत रहले. पूरा तरह से फैमिली ऑडियंस ला बनल ई फिलिम भोजपुरिया लटका-झटका से एकदमे फरका रहल आ बावजूद एकरा बॉक्स ऑफिस पर आपन दबंगई देखावत सभका के चउँकवलस

खेसारी लाल, अंजना सिंह आ राजेश राज स्टारर एह फिलिम के रंग अबहियों दर्शकन पर चढ़ल बा. एह फिलिम से भोजपुरी इंडस्ट्री में एगो नया सितारा राजेश राज के जनम भइल बा जिनकर मजबूत आ लम्बा-चौड़ा कद-काठी में दर्शकन के एगो मुकम्मल एक्शन हीरो के अक्स नजर आइल बा. आजु राजेश राज इंडस्ट्री के हॉट केक बन गइल बाड़ें आ हर तरफ उनका कामयाबी के चरचा होखत बा.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up