विनय आनन्द अपना ननिहाल के हिट करा दिहलें

by | Dec 24, 2010 | 0 comments


विनय आनन्द के बढ़िया से मालूम बा कि अपना फिल्म के हिट करावे के फण्डा का होला. अधिकतर भोजपुरी सितारा मुंबई मे रहतो मुंबईयो में अपना फिलिम के प्रचार करे ना निकलसि जबकि पिछला दिने विनय आनन्द अपना फिल्म “ननिहाल” के प्रोमोशन करे खातिर पूरा एक हफ्ता बिहार में गुजरलें. ऊ पटना, गया, आरा, छपरा, मोतिहारी सभतर गइलन. रेडियो पर अइलन, टीवी चैनलन पर शो में शामिल भइलन. कहे के मतलब विनय आनन्द “ननिहाल” खातिर ऊ सब कइलन जवन बालीवुड स्टार अपना हिन्दी सिनेमा के प्रोमोशन खातिर करेलें. सुखद परिणाम ई रहल कि “ननिहाल” हिट हो गइल. एक जगहा दर्शकन से बतियावत घरी एगो दर्शक उनुका से पूछलसि कि भोजपुरी में अइसन साफ सुथरा फिलिम काहे ना बने त विनय आनन्द के जवाब रहे, अइसन फिलिम हिट होखे लगीहें सँ त बनलो शूरु हो जाई. अब “ननिहाल” के सफलता से विनय आनन्द तय कर लिहले बाड़न कि अब से ऊ अपना हर फिलिम के एही तरह प्रोमोशन करीहें. आशा कइल जाव कि बाकियो स्टार अइसने करीहें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up