विराज भट्ट आ दिनेश यादव के ‘कसम वर्दी के’

by | Aug 15, 2013 | 0 comments

KasamVardiKe-sceneभोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार विराज भट्ट अभिनीत फिलिम ‘कसम वर्दी के’ रिलीज होखे से पहिलही से चरचा में बा. एह फिलिम ला विराज भट्ट पहिला हाली आपन लुक बदलले बाड़न. उनकर दू गो लुक बा एह फिलिम में. पहिला एगो सीधा सादा युवक के त दोसरका एक्शन पैक्ड नायक के.

एह फिलिम के निर्देशक दिनेश यादव आपन कैरियर पत्रकारिता से शुरू कइलन आ अब एगो सफल निर्देशक हो गइल बाड़े. भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री में उनकर सिक्का चलेला. ‘कसम वर्दी के’ बदला के कहानी वाला एक्शन-थ्रिलर ह. खीस भा कुछ कर गुजरे का जुनून में आदमी किरिया खा लेला कि हम कर के रहब. अब आपन बदला लेबे के हर आदमी के अलग अलग तरीका होला. से एह फिलिम में बहुते कुछ नया अंदाज वाला देखे के मिली.

निर्माता हउवें कांतिलाल पी. मारू. गीत लिखले बाड़े प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती. संगीतकार हउवें प्यारेलाल यादव, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ कहानीकार हउवें लालजी यादव. कलाकारन में विराज भट्ट, मोनालिसा, मदन मोहन, संजय पांडेय, अवधेश मिश्रा, एयाज खान, आनंद मोहन, मनोज टाईगर, प्रकाश जैस, प्रिया शर्मा, रत्नेश वर्णवाल, तेज यादव, किरन यादव वगैरह. आईटम दिहले बाड़ी सीमा सिंह, सम्भावना सेठ आ ग्लोरी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up