‘वीर बलवान’ पवन सिंह के मुहूर्त धूमधाम से भइल

by | Aug 5, 2012 | 0 comments

पिछला दिने स्टार आ गायक पवन सिंह के फिल्म ‘वीर बलवान’ के शानदार मुहूर्त पवन सिंह आ कल्पना के आवाज़ में गाना रिकार्डिंग क साथे मुंबई के अंधेरी स्थित एम4यू स्टूडियो में सिनेमा भोजपुरी के दिग्गजन के जमावड़ा बीच भइल. एकर निर्माता हउवें बाबू त्यागी. जिनकर फिल्म ‘अन्धा कानून’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. ‘वीर बलवान’ के निर्देशित करीहें राजू. जिनकर निर्देशित फिल्म ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ जल्दिए रिलीज होखे वाला बा.

मुहुर्त पर नारियल फोड़े के परंपरा जानल मानल निर्माता-निर्देशक विमल कुमार निभवलें. एह फिल्म के प्रेजेन्ट करत बाड़ें हीना आई एन.सी.. एसोसिएट प्रोड्यूसर हउवे अजय कुमार, गीत संगीत विनय बिहारी के, आ कहानी लिखले बाड़े मनोज टाइगर.

मुहुर्त पर बधाई देबे वालन में निर्माता निर्देशक विमल कुमार, निर्देशक असलम शेख, निर्माता इश्तियाक शेख ‘बंटी’, मनोज टाइगर, बृजेश त्रिपाठी, संजय पांडे, दिलीप सिन्हा, एहसान खान, अनिल यादव, माया यादव, शमीम खान, दीपक भाटिया, कैमरा मैन एस. जहांगीर, डांस मास्टर संजय, एडीटर गोविंद दुबे, पीआरओ शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा वगैरह मौजूद रहलें.

फिल्म सितम्बर महीना से फ्लोर पर जाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up