सफल फिल्मन के हैट्रिक लगावे जा रहल बाड़े रामाकांत प्रसाद

by | Apr 29, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के सफलतम निर्माता के बात कइल जाव त रामाकान्त प्रसाद के नाम पहिला कतार में लिहल जाई. साल २००८ में लागल रहऽ ए राजाजी, साल २००९ में दिवाना जइसन ब्लाकबस्टर फिल्म दे के इन्डस्ट्री में नया जान फूंकेवाला निर्माता रामाकान्त प्रसाद के फिल्म दाग अगिला महीना मई में रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म से रामाकान्त प्रसाद के सफलता के तिकड़ी बने वाला बा.

भोजपुरी के किंगस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट के शानदार अदायगी आ एक्शन के हैरतअंगेज दृश्य से सजल एह फिल्म के निर्देशनो रामाकांते प्रसाद कइले बाड़न जवन निर्देशन में उनकर पहिला फिल्म ह. बदला का भावना पर लिखल कहानी के एक्शन आ इमोशन का चासनी में डूबो के परोसे जा रहल रामाकांत प्रसाद के एह फिल्म में दिनेशलाल यादव के भूमिका एगो गायक के बा आ विराज भट्ट के भूमिका एगो मसलमैन के. निरहुआ के साथ दे रहल बाड़ी पाखी हेगडे आ स्वीटी छाबड़ा जबकि विराज का साथे बाड़ी स्वाति वर्मा. फिल्म में पाखी हेगडे के दुहरा भूमिका बा.

कुमारी माई मूवीज का बैनर में बनावल आ आदिशक्ति इन्टरप्राइजेज के एह प्रस्तुति के मुख्य कलाकारन में दिनेशलाल, पाखी हेगडे, विराज भट्ट स्वाति वर्मा के जोड़ी, स्वीटी छाबड़ा, संजय पांडे, एयाज खान, अनिल यादव, महेश राज, पुष्पा वर्मा, वंदनी मिश्रा, धामा वर्मा आ आयटम गर्ल सीमा सिंह बाड़ी. गाना विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के बा, संगीत विनय बिहारी के, कहानी संतोष मिश्रा के, छायांकन रवि चंदन के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के आ संपादन जीतेन्द्र सिहं जीतू के बा.

फिल्म मई में रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up