समाज खातिर कुछ करे ला राजनीति से जुड़ल जरूरी ना होखे – सुदीप पाण्डेय

by | Apr 27, 2014 | 0 comments

SudipPandeyभोजपुरी इंडस्ट्री के जानल-मानल कलाकार सुदीप पाण्डेय के के ना जाने. अबले उनकर आइल सगरी फिलिम हिट भइल बाड़ी सॅ. सुदीप के एक्शन हीरो,रोमांटिक हीरो, इमोशनल हीरो हर किरदार सराहे जोग होला. हाल ही में उनकर फिलिम ‘बैरी बलमा’ के शूटिंग खतम भइल बा आ फिलिम जल्दिए रिलीज कइल जाई. एह बीच सुदीप से बतियावे के मौका मिलल. पेश बा ओही बातचीत के कुछ हिस्सा :

सुदीप जी अपना आवे वाली फिलिम ‘बैरी बलमा’ के बारे में कुछ बताईं ?
‘बैरी बलमा’ सामाजिक कहानी प बनल पारिवारिक फिलिम ह जवना के पूरा परिवार संगे बइठ के देखल जा सकेला. एह फिलिम के खास क के औरत बहुते पसंद करीहें काहे कि एहमें बहुते अइसन मुद्दा उठावल गइल बा जवना के सामना बहुते औरत करत बाड़ी.

एकर निर्देशन के कइले बा ?
निर्देशक बानी जितेंद्र सुमन जी. बढ़िया निर्देशक होखला का साथही जितेन्द्र जी बढ़िया इन्सानो हईं. उहाँ क साथे काम करे के मौका मिलल एकर हमरा बहुते खुशी बा.

फिलिम में राउर हीरोइन के बा?
राखी त्रिपाठी जी. राखी जी बेहतरीन हीरोइन हईं आ उनकर सह कलाकार बनल हमरा बहुते नीक लागल.उमेद करत बानी जे दर्शको लोग हमनी के जोड़ी के बहुत पसंद करी.

गीत-संगीत कइसन बा ?
सगरी गाना बहुते बढ़िया बनल बाड़ी सँ आ हमरा बहुते नीक लगली सॅ. रोमांटिक, इमोशनल गीतन का अलावा एगो कॉमेडीओ सांग बा जवना के लोग बहुते पसंद करी.

सुदीप जी, चुनावी माहौल चलत बा से जानल चाही लोग कि रउरा कवना पार्टी संगे बानी ?
केकरो संगे ना. हम त बस इहे मानीले कि जवन पार्टी देश आ समाज के बेहतरी ला सोची हम चाहब कि उहे जीतो. समाज में गरीबी, भुखमरी दूर होखो आ लोग के हर सुविधा मिले. ओही पार्टी के चाहीले जे एह परेशानियन से मुक्ति दिआवे. अबहीं ले कवनो संगे जुड़ल नइखीं बाकिर मौका मिलल त जरूर जुड़ब. बाकिर समाज खातिर कुछ करे के बा त जरूरी नइखे कि कवनो राजनीतिक गोल में शामिल होखल जाव. पार्टियन से अलगा रहियो के समाज ला बहुत कुछ कइल जा सकेला.

राउर आवे वाली फिलिमन के नाम ?
‘बैरी बलमा’ का बाद ‘जन्मो जनम’ आ ‘मसीहा’ ई दू गो फिलिम अइहें सॅ. फ़िलहाल हम अपना खुद के प्रोडक्शन ला एगो कहानी लिखे में लागल बानी जवन आजु के फिलिमी कहानियन से बिलकुले अलगा होखी आ जवना के दर्शक बेहद पसंद करीहें.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up