पिछला दिने बिहार के छपरा शहर में आयोजित सारण गौरव सम्मान महोत्सव में सिंगापुर के नेशनल सीनियर हाकी खिलाडी, नेशनल एथिलिट, सफल व्यवसायी, राकस्टार, सिंगर, आ भोजपुरी फिल्म अभिनेता चुन्नू सिंगापुरी के सारण गौरव सम्मान से सम्मानित कइल गइल. ई सम्मान उनुका के सिंगापुरवासी होखला क बावजूद भोजपुरी भाषा, कला-संस्कृत, पारम्परिक गीत नृत्य आ भोजपुरी संस्कार के आत्मसात कइला क चलते दिहल गइल.
सिंगापुर में पलाइल पोसाइल चुन्नू सिंगापुरी यूपी के देवरिया जिला के हउवें जहाँ से उनुकर दादा सिंगापुर गइल रहलें आ फेर ओहिजे रच बस गइले. चुन्नू बाबू के पिता सफल व्यवसायी रहले आ हमेशा अपना गाँवे आवत जात रहले. साथही आवत चुन्नू के भोजपुरी संस्कार से लगाव हो गइल आ ऊ एहिजा के रीति-रिवाज, परम्परा, कला, संस्कृत के आत्मसात करत गइले. भोजपुरिया नृत्य के सगरी विधा जइसे के अहिरउआ, धोबियउआ, पसियउआ, कहरउआ वगैरह सीखल चुन्नू सिंगापुर के राधा कृष्णा मंदिर में हर अतवार के एह नृत्यन के पेश करत रहेले. चुन्नू बाबू सिंगापुर में भोजपुरी आर्गेनाइजेशन बनवले बाड़न जवना के संरक्षक चाईनीज मूल के के॰ एस॰ टेंग हउवें जे सिंगापुर आ मलेशिया के हाकी टीम के कोचो हउवें.
(संजयभूषण पटियाला)
0 Comments