सिंगर से एक्टर बने का राह प राजवीर सिंह राजपूत

by | Apr 3, 2014 | 0 comments

R_Rajputसिंगर से एक्टर बने वालन में अब एगो अउर नाम जुड़े जात बा आ ई नाम ह राजवीर सिंह राजपूत के. इंग्लिश एल्बम ‘जर्नी ऑफ़ लाइफ’ में आपन अभिनय कौशल देखा चुकल राजवीर अब जल्दिए भोजपुरी एल्बम ‘तहरा कहक के मारब’ में मुख्य किरदार के भूमिका निभावत नजर अइहें.

आर० एस० बैनर में बनल एल्बम ‘तहरा कहक के मारब’ के निर्देशन राज कुमार करत बाड़न आ निर्माता हउवेॆ एन० कुमार. एह एल्बम के शूटिंग मुम्बई के रत्नादीप स्टूडियो में कइल गइल. एह पूरा तरह से पारिवारिक एल्बम में समाज के अत्याचार के कहानी बतावल गइल बा.

समाज में बदलाव लाए वाली एह एल्बम से अपना एक्टिंग कॅरिअर क शुरुआत करत नवोदित एक्टर राजवीर सिंह राजपूत बिहार के रहे वाला हउवें आ बैंगलोर से पढाई कइला क बाद राजवीर थिएटरो कइलन आ साथ ही साथ कई एक सीरियलो.

एह एल्बम में संगीतो राजवीर के बा. कुल आठ गो गाना बाड़ी सँ जवनन के रचले बाड़ें संजीत कुमार निर्मल आ राजवीर.

निर्माता एन कुमार, निर्देशक राज वर्मा, गीतकार संजीत कुमार निर्मल, संगीतकार राजवीर सिंह राजपूत, कैमरामैन राहुल सक्सेना, कोरिओग्राफर संतोष सर्वदर्शी, एक्शन डायरेक्टर मंगल फौजी, आ ईपी रवि दुन्ना.

मुख्य कलाकार बाड़ें राजवीर सिंह राजपूत, कश्मी विश्वास, अंजलि यादव, सोनल कौर वगैरह.


(संजयभूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up