सिनेमा के रतौंधी एगो अउर बलि लिहलसि

by | Jun 20, 2017 | 0 comments


कच्चे धागे, दम होई जेकरा में ऊहे गाड़ी खूंटा, लहू के दो रंग, दिवानगी हद से, केहू त दिल में बा, हमरा दारू ना मेहरारू चाही वगैरह अनेके भोजपुरी फिलिमन में काम कर चुकल चंचल चितवन, खनकत हँसी आ मोहक अदा से मोहित कर लेबे वाली अभिनेत्री अंजली श्रीवास्तव मुंबई के अपना डेरा मे फाँसी लगा के जान दे दिहली.

यूपी के इलाहाबाद जिला के मीरापुर (शास्त्री नगर) के रहे वाली अंजली श्रीवास्तव के घर में लोग प्यार से लवी कहि के बोलावत रहुवे. उनुकर प्रेम प्रकाश श्रीवास्तव इलाहाबाद में कुछ रोजगार करेलन आ महतारी अध्यात्मिक स्वभाव के गृहिणी हई. परिवार उनुका फिल्मी कैरियर से बहुत खुश ना रहल बाकि महतारी बेटी का साथही मुंबई वाला डेरा पर रहत रही. कुछ दिन पहिले महतारी इलाहाबाद आइल रहली आ मुंबई में अंजली अपना डेरा मे अकेला रहली. पिछला कुछ समय से अंजली के कवनो नया फिलिम के आफर ना मिलल रहे जवना से ऊ अवसाद में आ गइल रही. एही बीच घर परिवार उनुकर बिआह तय क दिहलसि जवना से ऊ अउर तनाव में आ गइल रहुवी.

इलाहाबाद से आवत फोन जब ऊ ना उठवली त मकान मालिक के फोन कइल लोग. जब उनुको कवनो जवाब ना मिलल त पुलिस के बोलवा के डेरा के दरवाजा डुप्लीकेट चाभी से खोल के पुलिस भीतर घुसल त अंजली के लाश पंखा से लटकल मिलल. कमरा में कवनो सुसाइड नोट नइखे मिलल बाकिर पुलिस के लागत बा कि ई खुदकुशी के केस ह काहे कि कमरा में अइसन कुछ नइखे मिलल जवना से दोसर अनेसा कइल जा सके.

अंजली श्रीवास्तव कह दिहली कि “अब होई बगावत”

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up