सिनेमा भोजपुरी के हलचल

by | Mar 11, 2013 | 0 comments

hw-pakhiरीगल थिएटर के फिलिम “हंटरवाली” में दू गो नया गाना जोड़ल गइल बा. फणीन्द्र राव के लिखल एह दुनु गाना के पामेला जैन गवली. संगीत दिहलें विनोद गौड़. एकर टाइटिल रोल में पाखी हेगड़े बाड़ी.

डा॰ सुनील कुमार के फिलिम “प्रेम दीवानी” के शूटिंग पूरा हो गइल बा. शूटिंग हैदराबाद आ मुंबई में भइल बा. एह फिलिम से पहिला बेर गायक राकेश मिश्रा के लाँच कइल जात बा. साथे बाड़ी रानी चटर्जी, स्मृति सिन्हा, आ मोनालिसा.

प्रसाद फिल्म इंटरप्राइजेज के फिलिम “धरती के लाल” के दुसरका गाना राजेश गुप्ता के संगीत निर्देशन में कल्पना का आवाज में रिकार्ड करावल गइल. गीतकार हउवें विनय बिहारी. फिलिम के शूटिंग बिहार के बोधगया, राजगीर, आ, नालन्दा में करावल जाई.

ज़फर कमाल के फिलिम “गुलाब थिएटर” अब १५ मार्च के बिहार के तीस गो सिनेमाघर में रिलीज कइल जाई. मेंहदी हसन के बनावल आ क़मर हाजीपुरी के निर्देशन में बनल एह फिलिम के मुख्य कलाकार हउवें कल्पना शाह, विनय आनन्द, सुमीत बाबा, ब्रजेश त्रिपाठी वगैरह.

विजय फिल्म्स आ माँ शारदा फिल्म प्रोडक्शन के फिलिम “फूल और काँटे” के सेंसर बोर्ड “ए” सर्टिफिकेट दिहले बा. एह एडल्ट फिलिम के जल्दिए बिहार झारखण्ड में रिलीज कइल जाई.

ईशा हर्ष फिल्म्स के “मैदान-ए-जंग” के मिक्सिंग के काम चलत बा. अभय सिंह आ विनोद गोप के बनावल एह फिलिम के निर्देशक हउवें पराग पाटिल.

संत बहादुर फिल्म्स के “बेदर्दी बालमा” के पहिला कॉपी अगिला हफ्ता निकले के उमेद बा. निर्देशक हउवें रतन सिन्हा आ मुख्य कलाकार बाड़ें प्रीति जैन, दिनेश लाल यादव निरहुआ, दीपक विक्रम वगैरह.

संगीतकार दामोदर राव के भोजपुरी फिल्म इन्स्पेक्टर चांदनी की शूटिंग शुरू भइल.‏


(समरजीत, शशिकांत सिहं, आ संजय भूषण पटियाला के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up