सी.पी. भट्ट फिट त पिक्चर हिट. ’नो इफ नो बट, ओनली सी.पी.भट्ट’

by | Apr 3, 2013 | 0 comments

CPBhattथियेटर का दुनिया से अपना अभिनय के शुरुआत करे वाला जुझारू कलाकार सी पी भट्ट गँवे गँवे हर सफल भोजपुरी फिलिम के हिस्सा बनल जात बाड़न, एही से कहाए लागल बा कि ’नो इफ नो बट, ओनली सी.पी.भट्ट !’पिछला साल 2012 के सगरी हिट भोजपुरी फिलिमन में शामिल रहलन सी पी भट्ट. निर्माता- अभिनेता हैदर काजमी के चर्चित फिलिम ’कालिया’ में सी पी भट्ट जोरू के गुलाम बन के दर्शकन के खूब मनोरंजन कइले रहलन. एह काम में उनुका पत्नी के भूमिका में अलीशा के भरपूर साथ रहुवे. फिलिम ’भाई जी ’ में अंडर प्ले कैरेक्टर विराज भट्ट के कैशियर बनल भट्ट दर्शकन के खुब गुदगुदवलें. पवन सिंह आ अंजना सिंह अभिनीत फिलिम लावारिस का एगो गीत पर नाच के आ अपना हास्य अभिनय से सीपी फिलिम के अउरी मजेदार बना दिहलन. ’घात’ फिलिम में मेहमान भूमिका के जरिए दर्शकन के धेयान अपना ओर खींच लिहलन. ’बा केहू माई का लाल’ फिलिमो में सी पी भट्ट आ रीतू पाण्डेय के जुगल जोड़ी के कमेस्ट्री धमाल मचवलसि. एही तरह राजकुमार आर पाण्डेय के फिलिम नागिन समेत अउरीओ कई एक फिलिमन में सीपी के दमदार मौजूदगी रहल.

पिछला साल क बाद अब एह साल 2013 के बात करीं त खेसारी लाल यादव अभिनीत चरणों की सौगंध, शपथ के अलावा गरदा, लड़ाई, दम होई जेकरा में उहे गाड़ी खूटा, रानी बनल ज्वाला, यादव जी, यादव पान भण्डार, मेहरारू जिंदाबाद, प्यार कवनो खेल न ह, मजनू मोटरवाला अउर अबही हाल ही में अभय सिन्हा प्रोडक्शन के पच्चीसवीं फिल्म दुल्हे राजा साईन में सीपी के देखे के मौका मिली.


(अपना न्यूज)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up