भोजपुरी अभिनेता प्रवेशलाल यादव अपना हालिया रिलीज फिलिम ’हीरो’ से चमक गइल बाड़ें. बिहार आ युपी के 50 गो सिनेमाघरन में पिछला शुक के रिलीज भइल एह फिल्म के हर जगहा शानदार ओपनिंग मिलल बा आ दर्शकन के पूरा समर्थन भेटात बा. एह फिल्म में प्रवेश के शानदार अभिनय आ एक्शन स्टंटंस् के सभे तारीफ करत बा आ शुभी का साथ प्रवेश के केमिस्ट्रीओ नीक लागल बा दर्शकन के.
निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा.लि. प्रस्तुत एह फिल्म के निर्माता-निर्देशक जी. सुब्बाराव हउवें.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments