29 मई के बिहार में रिलीज होखी लागी नहीं छूटे रामा

by | May 28, 2015 | 0 comments

LaagiNahiChhuteRama-poster
भोजपुरी के बड़का स्टार पवन सिंह, काव्या, आ कुनाल सिंह के मुख्य भूमिका वाली फिलिम “लागी नहीं छूटे रामा” बिहार में 29 मई से रिलीज होखे जात बा. क्राउन फिल्म्स अउर जगदीश शर्मा प्रोडक्शन के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्देशक हउवें जगदीश शर्मा आ प्रस्तुत करे वाला हउवें आशु निहलानी और राज लालचंदानी.

एह फिलिम में रउरा डेविड धवन स्टाईल के कामेडी आ राजश्री प्रोडक्शन के फिलिमन वाला पारिवारिक माहौल देखे के मिली. फिलिम में देखावल गइल बा कि कइसे जब घर में आइल बहू के आदर सम्मान मिलेला त घर गेंदा फूल हो जाला. एह फिलिम में भोजपुरिया सभ्यता के झलको देखे के मिली रउरा सभे के.

फिलिम में जबरदस्त एक्शन बा आ गाना खुबसूरत लोकेशनन पर फिलमावल गइल बाड़ी सँ. कुनाल सिंह एगो माफिया डान के किरदार में बाड़न जिनका से सगरी मुंबई कांपत बा. कुछ अलगा हट के बावे एह फिलिम के कहानी. एकर पटकथा जगदीश शर्मा, संवाद के. मनोज सिंह, आ गीत प्यारेलाल कवि,अरविन्द तिवारी अउर आजाद सिंह लिखले बाड़न. संगीत घुंघरु के बा त मारधाड़ निर्देशन हीरा यादव के. ड्रेस डिजाईनर हउवें बादशाह खान.

एह फिलिम के कलाकारन में पवन सिंह, काव्या, प्रियंका पंडित, कुनाल सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, संजय वर्मा, हीरा आ नीरज बादशाह के मुख्य भुमिका बा.


(शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up