सेलीब्रेटी क्रिकेट लीग में दुसरकी बेर शामिल भइल भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम भोजपुरी दबंग अब सबले अधिका लोकप्रिय कामेडी शो “कामेडी विथ कपिल” में आपन दबंगई देखाई.
टीम के कप्तान मनोज तिवारी, उपकप्तान दिनेश लाल यादव निरहुआ आ रविकिशन एह शो में नजर आई लोग. शो के सेट प पहुचल तीनो भोजपुरी दिग्गज ओहिजा मौजूद दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइलन आ एह लोग के हाजिर जवाबी से खुद कपिल शर्मो दंग हो गइले.
एह शो के प्रसारण जल्दिए होखे वाला बा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
380 total views, 2 views today